तापमान कौनो पदार्थ में मौजूद गर्मी के बतावेला। एकरी द्वारा ओ पदार्थ की अणु कुल क औसत गतिक ऊर्जा के बतावाल जाला।

तापमान नापे खातिर साधारण औज़ार थर्मामीटर हवे आ तापमान के डिग्री सेल्सियस, डिग्री फारेनहाइट या केल्विन पैमाना पर नापल जाला।

हवा क तापमान मौसम का एगो प्रमुख अंग होला आ एही से कौनों जगह की मौसम का मुख्य बात निर्धारित होले।