तोतापरी आम
तोतापरी आम के एगो किसिम हवे जे दक्खिनी भारत में होला आ कुछ हिस्सा में श्रीलंका में होला। एकरा के अउरी कई ठे नाँव से जानल जाला जइसे कि बंगलौरा, कलेक्टर, कल्लामई, किली मोकू, गिली, संदेर्श। एकर नाँव तोतापरी एकरे आकृति के कारण रखल गइल हवे जे सुग्गा नियर होखे ले।
Mangifera 'Totapuri or Kalmi' | |
---|---|
जाति | Mangifera |
प्रजाति | Mangifera indica |
किसिम | 'Totapuri' |
मूल जगह | India |
1901 में संदेर्श के नाँव से आ 1960 के दशक में तोतापरी के नाँव से एकरा के अमेरिका के फ्लोरिडा में ले जाइल गइल। फ्लोरिडा में ई कम से कम दू गो आम के किसिम सभ के मूल किसिम हवे: एंडरसन आ ब्रुक्स किसिम के आम एही से निकलल हवें।
भारत में ई आम मुख्य रूप से एकरे गूदा खातिर उपजावल जाला।