त्रिभुज
त्रिभुज ज्यामितीय आकृति ह जवन एगो अइसन बहुभुज होला जवना के तीन गो भुजा हो आ तीनो भुजा बिना कवनो अन्य आधार के आपस में जुड़ के तीन गो कोण के निर्माण करेली त्रिभुज कहावेली। त्रिभुज के तीनो कोणन के माप के जोड़ हमेशा 180 अंस होला। त्रिभुज के भुजा के नाप, आ कोण के नाप के आधार पर अलग-अलग प्रकार बा।
त्रिभुज | |
---|---|
Edges and vertices | 3 |
Schläfli symbol | {3} (समबाहु त्रिभुज खातिर) |
Area | कई ठे तरीका; नीचे देखीं |
Internal angle (degrees) | 60° (समबाहु त्रिभुज खातिर) |
एगो त्रिभुज जेवना के अ ब स नांव के तीन गो कोना होखे, निसान से चिन्हित कइल जाला।
प्रकार
संपादन करींभुजा के नाप के आधार प त्रिभुज के प्रकार
संपादन करींभुजा के नाप के आधार प त्रिभुज दू प्रकार के होला।
- समबाहु त्रिभुज - जवना त्रिभुज के तीनो भुजा के आकार बराबर होला समबाहु त्रिभुज कहाला।
- सम-दुबाहु त्रिभुज - जवना त्रिभुज के कवनो दू गो भुजा एक बराबर आ तीसरकी भुजा ओह दू भुजा से बड़ चाहे छोट होला सम-दुबाहु त्रिभुज कहल जाला।
Equilateral | Isosceles | Scalene |
कोण के नाप के आधार प त्रिभुज के प्रकार
संपादन करींकोण के नाप के आधार प त्रिभुज तीन प्रकार के होला।
- समकोण त्रिभुज - जब कवनो त्रिभुज के कवनो एगो कोण के नाप 90 अंस के होला समकोण त्रिभुज कहावेला।
- न्यून कोण त्रिभुज - जब कवनो त्रिभुज के तीनो कोण के नाप 90 अंस से कम होला न्यून कोण त्रिभुज कहावेला।
- अधिक कोण त्रिभुज - जब कवनो त्रिभुज के तीनो कोण में से कवनो एक कोण के नाप 90 अंस से ढेर होला अधिक कोण त्रिभुज कहावेला।
संदर्भ
संपादन करींबाहरी कड़ी
संपादन करींविकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Triangles पर मौजूद बा। |
ई ज्यॉमेट्री-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |