थारू
थारु लोग नेपाल आ भारत के सीमा से सटल तराई क्षेत्र में पावल जाए वाला एगो जनजाति हऽ। नेपाल के कुल जनसंख्या में लगभग ६.६% लोग थारु बा। थारु बिहार के चंपारण जिला आ भारत के उत्तराखंड के नैनीताल आ उधम सिंह नगर में पावल जाला। थारु लोग के मुख्य निवास स्थान हिमालय के पूरा उपपहाड़ी हिस्सा हऽ जवना में जलोढ़ माटी बा आ उत्तर प्रदेश के उत्तरी जिला के तराई क्षेत्र बा। ई लोग हिन्दू धर्म के पालन करेला आ हिन्दू लोग के सगरी परब मनावेला।