थावें मंदिर भारतीय राज्य बिहार के गोपालगंज जिला में थावें में एगो हिंदू मंदिर बा। एहिजा देवी माँ थावेंवाली के अस्थान ह जे शक्ति भा दुर्गा के रूप मानल जाली। दूर-दूर से लोग एहिजा देवी के पूजा करे आ चढ़ावा चढ़ावे आवे ला। चइत के महीना के नवरातर में एहिजा मेला लागे ला।