दसहरी
दसहरी भा दशहरी आम के एक ठो किसिम हवे। भारतीय आम के ई किसिम खाली भारते में ना बलुक बिस्व के कई देसन में पसंद कइल जाला। मूल रूप से ई लखनऊ के लगे मलीहाबाद से कुछ दूर पर मौजूद दशहरी नाँव के गाँव[1][2] के एक ठो आम के फेड़ से जनमल किसिम हवे। दशहरी गाँव में एकर मूल फेड़ अभिन ले मौजूद बा आ इतिहासी चीज मानल जाला आ लगभग 200 साल पुरान फेड़ हवे।
आम 'दसहरी' | |
---|---|
जाति | आम |
किसिम | 'दशहरी' |
मूल जगह | भारत |
एकरा के आमतौर पर मलीहाबादी भी कहल जाला। भारत में एकरा के पसंद कइल जाला आ अउरी देसन के भी एह आम के निर्यात कइल जाला। जवना बाहर के देसन में ई आम भेजल जाला उनहन में अरब देस, मध्य पूर्व के देस आ अमेरिका प्रमुख बाने आ हाल के खबर के मोताबिक ई आम अब रूस के बजार में भी भेजल जाई।[3]
इहो देखल जाय
संपादन करींसंदर्भ
संपादन करीं- ↑ Mishra, Rishi (2017-01-31). "अतीत के पन्नों में न खो जाए दशहरी आम, कभी नहीं बनता चुनावी मुद्दा". Gaonconnection.com. Archived from the original on 2021-10-16. Retrieved 2017-05-30.
- ↑ रामदत्त त्रिपाठी बीबीसी संवाददाता, लखनऊ (1970-01-01). "BBC Hindi - भारत - दशहरी गाँव को कूड़ाघर बनाने का विरोध". Bbc.com. Retrieved 2017-05-30.
- ↑ "अब रूस के बाजार में भी मिलेगा दशहरी आम". Nationaldastak.com. 2016-05-04. Retrieved 2017-05-31.[मुर्दा कड़ी]
ई फल-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |