दही बड़ा एगो भारतीय ब्यंजन हवे जे पूरा दक्खिन एशिया में पापुलर हवे आ थोड़बहुत हेरफेर के साथ पूरा भारतीय उपमहादीप में बनावल जाला। आमतौर पर, उर्दी के दाल भें के अगिला दिने पीसल जाला आ ओकर बड़ा बनावल जाला, एह बड़ा सभ के चटकार पानी में डाल के सोखावल जाला आ फिर निकाल के ऊपर से दही डाल के आ पीसल मरिचा मसाला आ हरियर धनिया से सजा के परोसल जाला।

दही बड़ा
पलेट में सजा के परोसल दही बड़ा
दूसर नाँवदही वडा, दही भल्ला
किसिमचाट
उत्पत्ती अस्थानभारत
क्षेत्रभारतीय उपमहादीप
मुख्य सामग्रीबड़ा, दही