दूपद नाँव
दूपद नाँव (अंग्रेजी: Binomial nomenclature) जीव बिज्ञान में प्रजाति सभ के नाँव रखे के सिस्टम हवे जवना में कौनों भी प्रजाति के दू गो शब्द से मिल के बनल नाँव रखल जाला। ई दुनों शब्द लातीनी भाषा के ब्याकरन के हिसाब से होला भले उनहन के उत्पत्ति लातीनी भाषा के न होखे। आम तौर पर एह नाँव के बैज्ञानिक नाँव भी कहल जाला।
दू शब्दवन में पहिला शब्द जाति (genus) के बतावेला आ दुसरका प्रजाति (species) के पहिचान करावे ला।
ई जीव बिज्ञान से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |