दूरबीन
दूरबीन (अंग्रेजी: टेलिस्कोप) एगो अइसन यंत्र होला जेवना से दूर क चीज देखल जा सकेला। मुख्य रूप से ई प्रकाश आधारित यंत्र होला जे देखलाई पड़े वाला इलेक्ट्रोमैग्नेटिक रेडिएशन (प्रकाश) के किरण के कुछ मोड़ के भा इकट्टा एक जगह केंद्रित क के बहुत लम्मा के चीज के भी साफ देखाई पड़े लायक स्थिति बना देला। प्रकाश आधारित दूरबीन सभ के ऑप्टिकल दूरबीन कहल जाला। इलेक्ट्रोमैग्नेटिक रेडिएशन के स्पेक्ट्रम के अन्य हिस्सा में भी काम करे वाला दूरबीन बाड़ें, जइसे कि रेडियो दूरबीन, एक्स-रे दूरबीन, गामा रे दूरबीन आ इन्फ्रारेड दूरबीन।
आमतौर पर दूरबीन के इस्तेमाल आकासी पिंड सभ के बेध करे आ उनहन के अध्ययन करे खातिर होला आ ई बेधशाला सभ के मुख्य औजार होला। एकरे अलावा छोट दूरबीन सभ के जमीनी उपयोग भी होला। स्नाइपर राइफल से ले के चिरई निहारे वाला दूरबीन ले भा जहाजी परिवहन में दूरबीन के इस्तेमाल अइसने कुछ उपयोग बाड़ें।
पहिला दूरबीन, सत्रहवीं सदी में, नीदरलैंड में शीसा के लेंस सभ के इस्तेमाल से बनावल गइल रहल। एकरे कुछ समय बाद रिफ्रेक्टिंग टेलिस्कोप के आबिस्कार भी भ गइल।
बाहरी कड़ी
संपादन करींविकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Telescope पर मौजूद बा। |
- Galileo to Gamma Cephei – The History of the Telescope Archived 2013-05-08 at the Wayback Machine
- The Galileo Project – The Telescope by Al Van Helden
- "The First Telescopes". Part of an exhibit from Cosmic Journey: A History of Scientific Cosmology Archived 2008-04-09 at the Wayback Machine by the American Institute of Physics
- Taylor, Harold Dennis; Gill, David (1911). एन्साइक्लोपीडिया ब्रिटैनिका (अंग्रेजी में). Vol. 26 (11वाँ ed.). pp. 557–573. .
- Outside the Optical: Other Kinds of Telescopes
- Gray, Meghan; Merrifield, Michael (2009). "Telescope Diameter". Sixty Symbols. Brady Haran for the University of Nottingham.
ई खगोलिकी-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |