देवदास (1955 फिलिम)
देवदास साल 1955 में रिलीज भइल एगो हिंदी-भाषा के फिलिम रहल जे शरतचंद्र के उपन्यास देवदास पर आधारित रहल आ एकर डाइरेक्टर बिमल रॉय रहलें। फिलिम में देवदास के मुख्य भूमिका में दिलीप कुमार, पारो के भूमिका में सुचित्रा सेन आ चंद्रमुखी के भूमिका में वैजयंतीमाला रहल लोग। फिलिम बाक्स ऑफिस पर एगो हिट फिलिम रहल आ एह फिलिम के कई गो अवार्ड भी मिललें।
Devdas | |
---|---|
डाइरेक्टर | Bimal Roy |
प्रोड्यूसर | Bimal Roy |
लेखक | Screenplay: Nabendu Ghosh Dialogue: Rajinder Singh Bedi |
आधार | Devdas by Sharat Chandra Chattopadhyay |
कलाकार | Dilip Kumar Vyjayanthimala Suchitra Sen Motilal |
कथाबाचन | Bimal Roy |
संगीतकार | Sachin Dev Burman |
सिनेमैटोग्राफी | Kamal Bose |
प्रोडक्शन कंपनी | |
डिस्ट्रीब्यूटर | Bimal Roy Production Mohan Films |
रिलीज के तारिख | December 30, 1955 |
लंबाई (समय) | 159 minutes |
देस | भारत |
भाषा | Hindi |
बॉक्स ऑफिस | ₹1,06,54,332 (1955) |
बाद के समीक्षा सभ में भी एह फिलिम के बॉलीवुड के श्रेष्ठ फिलिम सभ में अस्थान दिहल गइल बा। फिलिम के तारीफी कमाल बोस के सिनेमेटोग्राफी आ लाइटिंग खाती भी जानल जाले जेकरा चलते कम बोले वाला चरित्र देवदास के बढ़ियाँ से देखावल जा सकल बा।
संदर्भसंपादन
ई लेख एगो फिलिम के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |