तिस्सा, बाद मे देवानंपिय तिस्सा, श्रीलंका के सभसे पहिले के राजा लोग मे से एगो रहलें जे 247 ईसा पूर्व से 207 ईसा पूर्व ले प्राचीन राजधानी अनुराधापुरा से सासत कइलें। इनकर सासत मे श्रीलंका मे बौद्ध धरम, मौर्य सम्राट असोक महान के मदद से आइल। इनकर सासत के प्राथमिक स्रोत महावंस हवे जे अधिक पुरान दीपवंस पऽ आधारित बा।