देवरिया जिला भारत देस के उत्तर परदेस राज्य में, एकदम पुरुब-उत्तर हिस्सा में एगो जिला हउए आ देवरिया नाँव के नगर ए जिला के मुख्यालय हउए।[1]

देवरिया
देवरिया जिला के उत्तर परदेस में लोकेशन
देवरिया जिला के उत्तर परदेस में लोकेशन
देशभारत
राज्यउत्तर परदेस
मंडलगोरखपुर
मुख्यालयदेवरिया
Area
 • कुल2,535 किमी2 (979 बर्ग मील)
Population
 (2011)
 • कुल3,100,946
 • Density1,200/किमी2 (3,200/बर्ग मील)
जनसंख्या आँकड़ा
 • साक्षरता73.53
 • लिंगानुपातM:F 1000:1013
प्रमुख हाइवेNH28
औसत सालाना बरखा864.38 मि॰मी॰
Websiteसरकारी वेबसाइट

भूगोल संपादन करीं

एह जिला के भूगोलीय बिस्तार 26° 6′ उत्तर से 27° 8′ उत्तर अक्षांस ले आ 83° 29′ पुरुब से 84 ° 26′ पुरुब देशांतर ले बाटे।[1] जिला के कुल रकबा (एरिया) 2,535 वर्ग किलोमीटर बा। एकरा उत्तर ओर कुशीनगर जिला, पच्छिम ओर गोरखपुर जिला आ दक्खिन ओर मऊ जिलाबलियाँ जिला बाड़ें जबकि एकरे पुरुब ओर बिहार राज्य बा।

आमतौर पर ई इलाका मैदानी इलाका हवे आ बिचला गंगा मैदान के हिस्सा मानल जाला। सरजू, राप्तीछोटी गंडक एह जिला के प्रमुख नदी बाड़ीं। सरजू (घाघरा) नदी एह जिला के दक्खिनी सीमा बनावे ले आ लगभग सारा जलबहाव एही नदी में जाला। बरहज के लगे राप्ती नदी सरजू में मिले ले।

सलेमपुर, बरहज आ भाटपार रानी, देवरिया के अलावा प्रमुख शहर बाड़ें।

राजनीतिक आ प्रशासनिक बिभाजन संपादन करीं

जिला एही नाँव के देवरिया लोकसभा चुनाव क्षेत्र में आवे ला। बिधानसभा चुनाव क्षेत्र में इहाँ कुल सात गो बिधान सभा क्षेत्र बाड़ें: रुद्रपुर (क्रम संख्या 336), देवरिया (337), पथरदेवा (338), रामपुर कारखाना (339), भाटपार रानी (340), सलेमपुर (341) अउरी बरहज (342) बाड़ें।[1]

जिला के प्रशासन खातिर एकरा के पाँच गो तहसील में बाँटल गइल बाटे: देवरिया सदर, भाटपार रानी, बरहज, सलेमपुर आ रुद्रपुर। फिर एकरे बाद जिला में कुल 16 गो ब्लॉक (बिकासखंड) बाड़ें: बैतालपुर, बरहज, बनकटा, भागलपुर, भलुअनी, भटनी, भाटपार रानी, देवरिया सदर, देसही देवरिया, गौरी बाज़ार, लार,पथरदेवा, रामपुर कारखाना, रुद्रपुर, सलेमपुर अउरी तरकुलवा।[1]

जनसंख्या संपादन करीं

धर्म अनुसार जनसंख्या
धर्म प्रतिशत
हिंदू
  
88.07%
मुसलमान
  
11.56%

भारत के जनगणना, 2011 के अनुसार देवरिया जिला के कुल आबादी 3,098,637 रहल।[2] एह तरीका से भारत के कुल 640 जिला सभ में एकर अस्थान 114 रहल।[2] जिला में जनसंख्या के घनत्व 1,220 निवासी प्रति वर्ग किलोमीटर (3,200/वर्ग मील) बाटे[2] इहाँ के जनसंख्या के बढ़ती के दर 2001-2011 के दशक में 14.23% रहल।[2] देवरिया जिला में मानव लिंगानुपात 1013 औरत प्रति 1000 मरदाना रहल,[2] आ जिला में साक्षरता के डर 73.53% रहल।[2]

Historical population
YearPop.±% p.a.
1901749,486—    
1911816,191+0.86%
1921833,199+0.21%
1931889,726+0.66%
1941992,352+1.10%
19511,059,208+0.65%
19611,190,803+1.18%
19711,410,868+1.71%
19811,749,946+2.18%
19912,184,904+2.24%
20012,714,179+2.19%
20113,100,946+1.34%
source:[3]

संदर्भ संपादन करीं

  1. 1.0 1.1 1.2 1.3 "जिले के बारे में". deoria.nic.in. उत्तर प्रदेश सरकार. Retrieved 12 अक्टूबर 2019.
  2. 2.0 2.1 2.2 2.3 2.4 2.5 "District Census 2011". Census2011.co.in. 2011. Retrieved 2011-09-30.
  3. Decadal Variation In Population Since 1901

बाहरी कड़ी संपादन करीं