दि हिंदू
दि हिंदू (The Hindu) भारत में छपे वाला एक ठो अंग्रेजी भाषा के दैनिक अखबार बा। एकर मुख्यालय चेन्नई (मद्रास) में बाटे। ई अखबार जब सुरू भइल तब हप्तावार छपे। 1878 में सुरुआत से ले के 1889 तक ले ई हप्तावार छपल आ एकरा बाद दैनिक, मने की रोज छपे वाला हो गइल। ईई भारत के दुसरा सभसे ढेर सर्कुलेशन वाला अंग्रेजी अखबार बाटे, एकर बिकिरी जुलाई-दिसंबर 2015 में 15.1 लाख कॉपी प्रति दिन रहल।[4] 2014 के पाठक सर्वे के मोताबिक ई अखबार दि टाइम्स ऑफ इंडिया आ हिंदुस्तान टाइम्स के बाद तिसरा नंबर पर रहल जब एकर पाठक 16 लाख लोग रहे।[5] दि हिंदू के सर्कुलेशन आधार सभसे ढेर दक्खिनी भारत में बाटे आ ई आंध्र प्रदेश, तमिल नाडु, कर्नाटक, केरल आ तेलंगाना में बहुतायत से पढ़ल जाला।
प्रकार | दैनिक अखबार |
---|---|
फॉरमैट | ब्रॉडशीट |
मालिक | दि हिंदू समूह, आ कस्तुरी एंड संस लिमिटेड |
संस्थापक | जी॰ सुब्रमणिया अय्यर |
प्रकाशक | एन॰ राम[1] |
संपादक | Mukund Padmanabhan[2][3] |
स्थापना | 20 सितंबर 1878 |
भाषा | अंग्रेजी |
मुख्यालय | चेन्नई |
सर्कुलेशन | 1,518,082 रोज[4] (as of Jul - Dec 2015) |
ISSN | 0971-751X |
OCLC नंबर | 13119119 |
वेबसाइट | www |
नवंबर 2015 के समय ले, एकर प्रकाशन 18 गो भारतीय शहरन से होखत बाटे: बंगलौर, चेन्नई, हैदराबाद, तिरुअनंतपुरम, विजयवाड़ा, कलकत्ता, मुंबई, कोयंबटूर, मदुरै, नोएडा, विशाखापत्तनम, कोच्चि, मंगलोर, तिरुचिरापल्ली, हुबली, मोहाली, लखनऊ, इलाहाबाद, आ मल्लाप्पुरम।[6]
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ "Changes at the Helm: Editorial and Business". दि हिंदू. Chennai, India. 22 अक्टूबर 2013. Retrieved 22 अक्टूबर 2013.
- ↑ "Mukund Padmanabhan is Editor of The Hindu; Raghavan Srinivasan becomes Business Line Editor". दि हिंदू. Retrieved 14 मई 2016.
- ↑ Vidhi Choudhary. "'The Hindu' appoints Mukund Padmanabhan as editor". http://www.livemint.com/. Retrieved 14 मई 2016.
{{cite web}}
: External link in
(help)|work=
- ↑ 4.0 4.1 "Submission of circulation figures for the audit period July - December 2015" (PDF). Audit Bureau of Circulations. Retrieved 5 जनवरी 2016.
- ↑ "Indian Readership Survey 2014" (PDF). Indian Readership Survey. Retrieved मार्च 7, 2016.
- ↑ [1]
बाहरी कड़ी
संपादन करींविकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया द हिन्दू पर मौजूद बा। |
ई अखबार-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |