बाघ तितिली चाहे धारीदार बाघ तितिली पूरा भारत, श्रीलंका वगैरह देसन में आम पावल जाए वाली तितिली के प्रजाति हवे। एकरा के धारीदार कहल जाला काहें से कि अइसने एगो प्लेन बाघ तितिली भी एही इलाका में बहुत आम पावल जाले। एह तितिली के बैज्ञानिक नाँव डानौस जेनूटिया (Danaus genutia) हवे आ ई अमेरिका में पावल जाए वाली मोनार्क तितिली से काफी समानता वाली होखे ले।

केरल में एगो मादा धारीदार बाघ तितिली

ई अईसन तितिली सभ के समूह के हिस्सा हवे जिनहन के टांग में बुरुश नियर होखे ला। एह तितिली के पहिली बेर बिबरन देवे वाला पीटर क्रैमर रहलें जे 1779 में बिबरन प्रस्तुत कइलेन।

संदर्भ संपादन करीं