धौलागिरि
(धौलागिरी से अनुप्रेषित)
धौलागिरी नेपाल में एगो मैसिफ़ बा आ ई काली गंडकी से लगभग 120 किमी (70 मील) के दूरी पर एकरे आ भेरी नदी के बीच में मौजूद बाटे। एकरा उत्तर ओर भेरी नदी के सहायिका आ दक्खिन-पूरुब ओर Myagdi Khola नदी बाटे। धौलागिरी I बिस्व के सातवीं सभसे ऊँच चोटी बा आ ई समुद्र तल से 8,167 मीटर (26,795 फीट) के ऊँचाई वाली बाटे।
धौलागिरि | |
---|---|
Highest point | |
ऊँचाई | 8,167 मी (26,795 फीट) सातवीं रैंक |
टोपो प्रामिनेंस | 3,357 मी (11,014 फीट) [2] Ranked 55th |
टोपोग्राफिक बिलगाव | 318 किलोमीटर (198 मील) |
मूल चोटी | K2 [1] |
लिस्टिंग | आठ हजारी अल्ट्रा |
भूगोल | |
मूल परबत श्रेणी | धौलागिरि हिमाल |
चढ़ाई | |
पहिली चढ़ाई | मई 13, 1960 by Kurt Diemberger, A. Schelbert, E. Forrer, Nawang Dorje, Nyima Dorje (First winter ascent 21 जनवरी 1985 Jerzy Kukuczka and Andrzej Czok) |
सहज रूट | उत्तरी पूरबी रिज़ |
एकर नाँव धौलागिरी संस्कृत के धवल (सफ़ेद)[3] आ गिरि (पर्वत)[4] से बनल बाटे। गंडकी नदी बेसिन के ई सभसे ऊँच चोटी भी बा।
अन्नपूर्णा I (8,091m/26,545 ft) एकरा से मात्र 34 km. पूरुब ओर बाटे। गंडकी (नारायणी) नदी अन्नपूर्णा आ धौलागिरी के बीच में गार्ज बनावेले आ ई गार्ज दुनिया के सभसे गहिरा मानल जाला। अन्नपूर्णा के दक्खिन में पोखरा नाँव के अस्थान एगो प्रमुख पर्यटन अस्थान बाटे आ इहाँ परबत पर चढ़े वाला क्लाइम्बर लोग रुक के आगे बढ़े ला।
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ "High Asia - All mountains and main peaks above 6750 m". 8000ers.com. Retrieved 15 दिसंबर 2015.
- ↑ "Dhaulāgiri, Nepal". Peakbagger.com. Retrieved 15 दिसंबर 2015.
- ↑ Monier-Williams, op. cit. p. 513
- ↑ Monier-Williams, op. cit. p. 355
स्रोत
संपादन करीं- Monier-Williams, Monier (1964) [1899]. संस्कृत-अंग्रेजी डिक्शनरी. ऑक्सफोर्ड प्रेस. Retrieved 15 दिसंबर 2015.
बाहरी कड़ी
संपादन करींविकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया धौलागिरी पर मौजूद बा। |
ई नेपाल के भूगोल-संबंधी लेख कौनों जगह या क्षेत्र के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |