ध्रुव तारा

पृथिवी के घुमरी के एक्सिस के सिधाई में मौजूद तारा जे रात भर एकही जगह देख्लाई पड़े ला

ध्रुव तारा चाहे ध्रुवतारा, आकास में अइसन तारा होला जे, अपना धुरी प घुमरियावे वाली आकासी चीज सभ के घुमरी के एक्सिस के सिधाई में होखे ला, जवना से घुमरी के प्रभाव के कारन, ओकरे स्थिति में कौनों बदलाव ना देखलाई पड़े ला। संस्कृत में ध्रुव शब्द के मतलब होला स्थिर भाषा अपना जगह से हिले-डुले ना।

पृथिवी के उत्तरी गोलार्ध में रात के आसमान के लिहल एगो देरी ले एक्सपोजर वाली फोटो जे में बाकी तारा गोलाई में घूमत देखलाई पड़त बाने बाकी बीचा में ध्रुव तारा - पोलारिस - अपना जगह पर बिना हिल-डुल मौजूद बा।

वर्तमान में, पृथिवी के ध्रुव तारा पोलारिस नाँव के तारा बाटे जे पृथिवी के घूर्णन अक्ष (रोटेशनल एक्सिस) के लगभग सिधाई में बा आ एही से पृथिवी के घुमारियावे के परभाव एकरा आकासी पोजीशन पर ना के बराबर पड़े ला आ एही से ई आकास में हमेशा (चउबीसो घंटा) एकही जगह मौजूद देखलाई पड़े ला। हालाँकि, पृथिवी के झुकाव के दिशा धीरे-धीरे बाकी निश्चित गति से, हजारन साल में, बदले ला। एकरा चलते इतिहास में दूसरो अइसन तारा रह चुकल बाड़ें जे ओह समय के ध्रुव तारा रहलें।

पृथिवी पर एकर इस्तेमाल पुराना समय से लोग उत्तर दिसा चीन्हे खातिर करत आ रहल बा। खास क के, समुंद्री यात्री लोग एकरा सहारे अपना जहाज के दिसा आ जगह के अक्षांस के अनुमान लगावे। एही से ई तारा आकास आधारित नेविगेशन में कामे आवे।