नारीवाद या औरतवाद (अंग्रेजी: feminism) कई राजनीतिक आंदोलन अउरी बिचारधारा सभ, आ सामाजिक आंदोलन सभ के एकट्ठा रूप बा जेकर लक्ष्य बा: औरतन के राजीनीतिक, आर्थिक, ब्याक्तिगत आ सामाजिक अधिकार सभ के परिभाषा दिहल आ एकरा सभ के आगे बढ़ावल।[1][2] एह में औरतन खातिर समाज, शिक्षा आ नौकरी के क्षेत्र में बराबरी के हक दियवावल शामिल बा।