नालंदा इंजीनियरिंग कालेज
नालंदा इंजीनियरिंग कालेज बिहार के नालंदा मे एगो इंजीनियरिंग कालेज बाटे। एकर स्थापना 19 नवंबर 2008 के बिहार के तत्कालीन मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कइले रहन। ई आर्यभट्ट ज्ञान विश्वविद्यालय मे आवेला।
नालंदा इंजीनियरिंग कालेज | |
---|---|
स्थापना | 2008 |
प्रकार | सरकारी |
प्रेंसपल | चन्द्र भूषण महतो |
Mentor Institute | भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान बंबई |
बिद्यार्थी | 1000+ |
अंडरग्रेजुएट | B.Tech |
लोकेशन | नालंदा, बिहार, भारत |
कैंपस | 51.64 एकड़ (0.2 किमी2) |
पुकारनाँव | NCE Chandi |
संबद्धता | आर्यभट्ट ज्ञान विश्वविद्यालय |
वेबसाइट | www |
इतिहास
संपादन करींएकर स्थापना बिहार सरकार 2008 मे कइले रहे।
हाता
संपादन करींएकर हाता एकइस हेक्टेअर मे छितरल बाटे आ बिहारशरीफ से 17.3 किलोमीटर दूर बाटे।
परबेस
संपादन करीं2019 से एहमे परबेस जेईई मेन के परीक्षा के अंक प मीलेला। एकरा से पहिला एगो अलग परबेस परीक्षा होत रहे।
मार्गदर्शक संस्था
संपादन करींभारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान (आइआइटी) बंबई एकर मार्गदर्शक बाटे।
पढ़ाई
संपादन करींई संस्था अलग अलग डाढ़ मे बिटेक करवावेला।
ई लेख कौनों विश्वविद्यालय या शिक्षा संस्थान के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |