नुक़्ता

देवनागरी आ की इंडिक लिखाई सभ में मूल अच्छर के नीचे लगावल जाए वाली बिंदी

नुक़्ता चाहे नुक्ता एक किसिम के लिखाई के बिसेस चीन्हा भा डायक्रिटिक हवे जे देवनागरी आ कुछ अउरी इंडिक लिखाई सभ में ओह ध्वनी सब के लिखे खातिर ले आइल गइल जे पहिले से एह लिखाई सिस्टम सभ में ना रहलीं। ई एगो बिंदी होला के मूल अच्छर के नीचे लगावल जाला। ई अरबी लिखाई से प्रेरणा ले के ईजाद कइल गइल हवे काहें से कि अरबी लिखाई उपजल अरबी-फ़ारसी लिखाई में एकही मूल अच्छर रूप के ऊपर-नीचे बिंदी सभ के लगावे से अलगा-अलगा ध्वनी वाला अच्छर बन जालें। उदाहरन खातिर उर्दू के अच्छर ऐन ع के ऊपर नुक्ता लगा देवे से ऊ ग़ैन غ बन जाला।

देवनागरी में इस्तेमाल संपादन करीं

फ़ारसी-अरबी आगत शब्दन में संपादन करीं

नुक़्ता शब्द खुदे एह बिसेस चीन्हा के इस्तेमाल के उदाहरन बाटे, जेह में क़, नीचे बिंदी के साथे लिखल जाला। अउरी उदाहरन क़िला, आग़ा ख़ान वगैरह बाने। बहुधा उच्चारण आ लिखे घरी दुनों में कुछ लोग नुक्ता छोड़ के भी लिखे ला आ ओही किसिम के उच्चारनो करे ला। अइसन चलन के कुछ लोग देहाती बोली के परभाव भी माने ला।

Nuqta usage in writing Perso-Arabic consonants
Letter With nuqta IPA Example
हिंदी: हिंदी: क़ q हिंदी: नुक़्ता
हिंदी: हिंदी: ख़, xa x हिंदी: ख़ान
हिंदी: हिंदी: ग़ ɣ हिंदी: ग़ा ख़ान
हिंदी: हिंदी: ङ़ ŋ हिंदी: शुङ़ा
हिंदी: हिंदी: ज़ z हिंदी: अंग्रेज़ी
हिंदी: हिंदी: झ़, zha ʒ हिंदी: अझ़दहा
हिंदी: हिंदी: ञ़ ɲ हिंदी: खालुञ़
हिंदी: हिंदी: ड़ ɽ हिंदी: बड़ा
हिंदी: हिंदी: ढ़ ɽʰ हिंदी: पढ़ना
हिंदी: हिंदी: फ़ f हिंदी: साफ़
हिंदी: हिंदी: य़ y हिंदी: फुकाय़ान