नैनी ताल
उत्तराखंड में एगो झील आ नैनीताल शहर के पर्यटक आकर्षण
नैनीताल भा नैनी ताल उत्तराखंड में एगो ताल (झील) बाटे। ई नैनीताल शहर में बाटे जेकर नाँव एही के नाँव पर पड़ल हवे। ई कुमाऊँ क्षेत्र के कईयन गो झील सभ में से एगो प्रमुख झील हवे जे एह इलाका आ उत्तराखंड राज्य के एगो प्रमुख पर्यटक आकर्षण हवे। एही के चलते नैनीताल शहर के हिल स्टेशन के रूप में ब्रिटिश लोग द्वारा बसावल गइल आ ई शहर संजुक्त प्रांत (यूनाइटेड प्रोविंस) के गर्मी के सीजन के राजधानियो रहल करे।
नैनी ताल | |
---|---|
लोकेशन | नैनीताल, कुमाऊँ डिवीजन, भारत |
निर्देशांक | 29°23′15″N 79°27′27″E / 29.38750°N 79.45750°Eनिर्देशांक: 29°23′15″N 79°27′27″E / 29.38750°N 79.45750°E |
प्रकार | प्राकृतिक फ्रेशवाटर झील |
थाला के देस | भारत |
अधिकतम लंबाई | 1,432 मी (4,698 फीट) |
अधिकतम चौड़ाई | 457 मी (1,499 फीट) |
सतह क्षेत्र | 48.76 हे (120.5 एकड़) |
अधिकतम गहिराई | 30.3 मी (99 फीट) |
जलनिवास समय | 1.16 years |
सतह ऊँचाई | 1,938 मी (6,358 फीट) |
आबादी | नैनीताल |
नैनी झील, बगल में नैना देवी मंदिर आ बगले में मौजूद नैना चोटी, सभ मिल के एह इलाका के लोक जिनगी आ संस्कृति के हिस्सा हवे।
ई भारत के कौनों अस्थान भा भूगोल से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |