पँवरत बजार

बजार जहाँ पानी में पँवरत नाइ में समान बिकाला

पँवरत बजार (अंग्रेजी: floating market) सभ अइसन बजार होखे लीं जहाँ नाइ में समान बिकाला। इनहन के उत्पत्ती ओह ज़माना के हवे जब पानी ट्रांसपोर्ट के माध्यम रहल आ डेली के जिनगी में एकर महत्व रहल। अबके अइसन बजार सभ एकरे अलावा पर्यटक लोगन के आकर्षण के केंद्र बने लें। अइसन बजार मुख्य रूप से म्यांमार (बर्मा), थाईलैंड, इंडोनेशिया, वियतनाम, श्रीलंका, बांग्लादेशभारत में मिले लें। भारत के कलकत्ता में अइसन एगो बजार 2018 में खोलल गइल।[1]

इंडोनेशिया के बंजारमासिन (Banjarmasin) में एगो पँवरत बजार
Damnoen Saduak Floating Market in Ratchaburi, Thailand, is a famous tourist attraction.

संदर्भ संपादन करीं

  1. Dey, Panchali. "India's first 'floating market' set to open its gates for public in Kolkata this month". Times of India Travel (अंग्रेजी में).