पंजाब किंग्स

भारतीय आईपीएल क्रिकेट फ्रेंचाइजी

पंजाब किंग्स (PBKS) पंजाब के मोहाली में स्थित एगो फ्रेंचाइजी क्रिकेट टीम हवे जे इंडियन प्रीमियर लीग (IPL) में खेले ले। 2008 में किंग्स इलेवन पंजाब (केएक्सआईपी) के नाँव से स्थापित एह फ्रेंचाइजी के संयुक्त स्वामित्व मोहित बर्मन, नेस वाडिया, प्रीति जिंटा आ करन पॉल के बा। टीम आपन घरेलू मैच पीसीए स्टेडियम, मोहाली में खेलेले। 2010 से ई लोग आपन कुछ घरेलू खेल धर्मशाला आ इंदौर में भी खेलले बा। 2014 के सीजन के अलावा जब ई लीग टेबल में टॉप कइलस आ उपविजेता रहल, ई टीम 13 सीजन में खाली भर एक बेर अउरी प्लेऑफ में खेलले बा।

पंजाब किंग्स
Leagueआईपीएल
Personnel
Captainशिखर धवन
Coachट्रेवर बेयलिस
Owner
Team information
Cityमोहाली पंजाब, भारत
Founded2008 (2008) किंग्स इलेवन पंजाब के रूप में
Home ground
Official websitepunjabkingsipl.in

पंजाब किंग्स एक बेर, अब खतम हो चुकल चैंपियंस लीग टी-20 में खेलले रहे, 2014 में किंग्स इलेवन पंजाब के रूप में, आ सेमीफाइनल ले पहुँचल रहे। फरवरी 2021 में टीम के नाम बदल के पंजाब किंग्स कर दिहल गइल। 23 दिसंबर 2022 के भइल मिनी नीलामी में पंजाब किंग्स आईपीएल के इतिहास में कवनो खिलाड़ी खातिर अबतक के सभसे ढेर बोली लगवलस आ सैम करन खातिर भारी 18.50 करोड़ रुपिया के भुगतान कइलस।

नाँव बदलाव संपादन करीं

17 फरवरी 2021 के किंग्स इलेवन पंजाब के नाँव बदल के पंजाब किंग्स रखल गइल, 2021 के इंडियन प्रीमियर लीग से पहिले।[1][2][3] नेस वाडिया बतवलें कि फ्रेंचाइजी के नाम बदले के कारण आईपीएल के 13 सीजन के बाद "चीजन के फेर से देखल" अउरी रिब्रांड कइल बा। ऊ फ्रेंचाइजी पर आपन निराशा जतवलें कि ऊ "कवनो खिताब ना जीत पवलस" आ उमेद कइलें कि नाँव बदलला के बाद ई लोग "नया तरीका से शुरुआत" करी। उ आगे कहलें कि नाँव बदले के योजना दु साल पहिले बनल रहे अउरी कोविड-19 के चलते घोषणा में देरी भइल।[4]

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Kings XI Punjab changes its name to Punjab Kings ahead of IPL auction". Sportstar (अंग्रेजी में). 17 February 2021. Retrieved 17 February 2021.
  2. "Punjab Kings in IPL 2021 mini-auction: Purse remaining, slots left, what to expect from KL Rahul-led side". Times Now (अंग्रेजी में). 17 February 2021. Retrieved 17 February 2021.
  3. "Kings XI Punjab to be renamed Punjab Kings". ESPNcricinfo (अंग्रेजी में). Retrieved 10 April 2021.
  4. "Ness Wadia Explains Why KXIP Changed Name to Punjab Kings Ahead of IPL 2021". 21 February 2021.