पब्लिक एडमिनिस्ट्रेशन

राज्य के पॉलिसी सभ के प्रशासन के बिज्ञान

पब्लिक एडमिनिस्ट्रेशन (अंग्रेजी: public administration; हिंदी: लोक प्रशासन) एगो एकैडमिक बिसय ह जेह में, पब्लिक पॉलिसी सब के परफार्मेंस, सरकारी संस्था सभ के मैनेजमेंट आ एनजीओ सभ के देखरेख के सामिल कइल जाला। ई एगो सामाजिक बिज्ञान ह आ एकरा के राजनीति बिज्ञान के भीतर एगो उपशाखा मानल जाला आ ई बिसय आमतौर पर पब्लिक पॉलिसी स्कूल सभ में पढ़ावल जाला, ई नीति सभ के लागू करे के बिस्लेषण में गहिराई से उतरे ला। ई एकैडमिक अनुशासन खाली ब्यक्ति सभ के ना बलुक प्रशासनिक भूमिका में सिविल सेवकन के, सार्वजनिक क्षेत्र के भूमिका खातिर जरूरी कौशल से लैस करे ला बलुक आपन दायरा स्वैच्छिक क्षेत्र आ कुछ निजी क्षेत्र के उद्योग सभ में भी बिस्तार देला जे सरकारी संबंध, नियामक मामिला, विधायी सहायता, कॉर्पोरेट सामाजिक जिम्मेदारी (सीएसआर), पर्यावरण आ सामाजिक शासन (ईएसजी), सार्वजनिक खरीद (पीपी), सार्वजनिक-निजी साझेदारी (पी3), आ बिजनेस-टू-गवर्नमेंट मार्केटिंग/सेल (बी2जी) नियर चीजन से संबंधित बाटे। ई बिबिध क्षेत्र सभ में लागल प्रोफेशनल लोग जइसे कि थिंक टैंक, गैर-लाभकारी संगठन, कंसल्टिंग फर्म, ट्रेड एसोसिएशन, भा लोक प्रशासन के पर्यायवाची कौनों भी भूमिका के मांग करे वाला कौशल वाला लोगन के कामकाज के छेत्र आ उनहन के बिस्लेषण से जुड़ल सामाजिक बिज्ञान हवे।

अमेरिका के 28वाँ राष्ट्रपति वुडरो विल्सन के फ़ादर ऑफ़ पब्लिक एडमिनिस्ट्रेशन कहल जाला।

अमेरिका में, वुडरो विल्सन के पब्लिक एडमिनिस्ट्रेशन के जनक (फ़ादर ऑफ़ पब्लिक एडमिनिस्ट्रेशन) मानल जाला। इनकर 1887 में छपल लेख द स्टडी ऑफ़ एडमिनिस्ट्रेशन के एह बिसय के आधार मानल जाला।