पर्यायवाची

शब्द चाहे फ्रेज जिनहन के अरथ एकदम चाहे लगभग समान होखे

पर्यायवाची चाहे खाली भर पर्याय, अइसन शब्द, मॉर्फेम भा फ्रेज होला जे एकदम से चाहे करीबन कौनों दूसर शब्द के मतलब वाला होखे। पर्यायवाची के स्टैंडर्ड टेस्ट अदलबदल होला; मने कि का वाक्य में एक शब्द के जगह दुसरा शब्द के इस्तेमाल कइल जा सकत बा, बिना अरथ बदलले। कुछ दसा में शब्द कौनों खास भाव-बिचार भा सेन्स में एक दुसरे के पर्यायवाची हो सके लें बाकी हर जगह उनहन के आपस में अदला-बदली ना कइल जा सकत बाटे।