चक्का चाहे पहिया मूल रूप में अइसन वृत्ताकार ठोस चीज होला जे एगो धुरी के सहारे घूम सके ला आ आमतौर पर गाड़ी-बाहन में इस्तेमाल होला। एकर आबिस्कार मानवता के इतिहास के एगो बड़हन घटना मानल जाला जेकरे बाद आदमी भारी सामान के आसानी से एक जगह से दुसरे जगह ले जाए में सक्षम भ गइल। पुराना आदिम जमाना के चक्का सभ फेड के काट के ओकरे गोलाई के इस्तेमाल करत, बीचा में धुरी पेस के बनावल जायँ। वर्तमान में बिबिध तरह के चक्का इस्तमाल में बाने जिनहन में आमतौर पर टायर के इस्तमाल भी होला।

एगो पहिया
आदिम काल के पहिया

संदर्भ संपादन करीं