इ विकीपीडीया क भोजपुरी हिस्सा हऽ, एसे एकर सुरुआत भोजपुरी भोजन से कइल ठीक रही। ओइसे भोजपुरी छेत्र खुदहीं बहुत बिभिन्न ह लेकिन कुछ पकवान ऐसन हउअं जौन हर जगह समान रूप से पसन्द कइल जालं। ए छेत्र के सबसे पर्सिद्ध एवं जानल मानल पकवान भइलहुं पर बाटी (लिट्टी) चोखा इहां क प्रमुख भोजन नइखे। गांव देहात क अदमी आजो दुन्नो पहर दाल भात चाहे रोटी तरकारी खाइल पसन्द करेलं। देखल जाए त बाटी चोखा एक तरह से रोजाना क भोजन नाहीं बल्कि सामूहिक भोज जादे ह। चार अदमी मिल गइलं, खेत किनारे चाहे कत्तों गोइंठा उपला लेके बैठ गइलं। कहीं से आटा आ गइल त केहू के खेत से आलू भंटा(बैंगन), प्याज लहसुन मंगा गइल। बस बतकही चालू अउर काम सुरू। एह लेख में आप लोगन के ई कुल पकवान बनावे क ठेठ तरीका बतावल जाई।

पूरी और नमकी