पाकिस्तान के भूगोल मजिगर बिबिधता वाला थलरूप आ हावापानी वाला बा जहाँ पाकिस्तानी अधिकार वाला काश्मीर में हिमालय के बरफ से तोपाइल परबत से ले के हिंदुकुश के पहाड़ी इलाका, पंजाब (पाकिस्तानी) आ सिंध के मैदान, रेगिस्तान आ बलूचिस्तान के इलाका सामिल बा, आम तौर पर सूखा प्रभावित मानसूनी जलवायु वाला ई देस लोग, संस्कृति आ आर्थिक-सामाजिक बिकास के हिसाब से भी भूगोली बिबिधता वाला बाटे।

पाकिस्तान के भूगोल
महादीपएशिया
क्षेत्रदक्खिन एशिया ; भारतीय उपमहादीप
लोकेशन30°00'N 70°00'E
रकबाRanked 36वाँ
 • कुल796,096 किमी2 (307,374 वर्ग मील)
 • जमीन96.9%
 • पानी3.1%
तटरेखा700 किमी (430 मील)
सीमाकुल:
6,774 किमी (4,209.2 मील)
अफगानिस्तान:
2,430 किमी (1,509.9 मील)
चीन:
595 किमी (369.7 मील)
भारत:
2,240 किमी (1,391.9 मील)
लाइन ऑफ कंट्रोल:
740 किमी (459.8 मील)
ईरान:
909 किमी (564.8 मील)
सभसे ऊँच जगहके2
8,611 मी (28,251 फीट)
सभसे निचाई के जगहअरब सागर
0 मी (0.0 फीट)
सबसे लमहर नदीसिंधु नदी
सबसे बड़हन झीलमन्चार झील

पाकिस्तान के पूरबी सीमा भारत से आ उत्तर-पच्छिमी सीमा अफगानिस्तान से मिले ला, पच्छिम में ईरान बाटे आ पाकिस्तान के अधिकार वाला कश्मीर के सीमा चीन देस से भी जुड़े ला। एकरे दक्खिन में अरब सागर बा आ सिंधु नदी इहाँ के सभसे प्रमुख नदी हवे। भूबिज्ञान के हिसाब से, पाकिस्तान भारतीय-आस्ट्रेलियाई प्लेटयूरेशियाई प्लेट के टकराव वाला इलाका हवे आ भूडोल आवत रहे लें।

कुल 796,096 वर्ग किलोमीटर (8.56911×1012 वर्ग फु) रकबा वाला ई देस, एह हिसाब से दुनिया के छत्तीसवाँ देस हवे आ अमेरिका के कैलिफोर्निया राज्य से से लगभग दुन्ना आ कनाडा के अल्बर्टा प्रांत से कुछ बड़हन साइज के देस बा।

संदर्भ संपादन करीं