पारसनाथ
पारसनाथ एगो पहाड़ी चोटी बा जे एही नाँव के पहाड़ी के हिस्सा हवे आ भारत में दक्कन के पठार के पूरबी हिस्सा, छोटा नागपुर के पठार के पूरबी भाग में मौजूद बा। ई झारखंड राज्य के गिरिडीह जिला में पड़े ले आ 1,370 मीटर (4,490 फीट) ऊँचाई के साथ झारखंड राज्य के सभसे ऊँच अस्थान भी हवे।
पारसनाथ | |
---|---|
पारसनाथ | |
Highest point | |
ऊँचाई | 1,370 मी (4,490 फीट) |
लोकेशन (भूगोलीय) | 23°57′48″N 86°07′44″E / 23.9634°N 86.129°Eनिर्देशांक: 23°57′48″N 86°07′44″E / 23.9634°N 86.129°E [1] |
भूगोल | |
Location | Giridih, Jharkhand, India |
मूल परबत श्रेणी | पारसनाथ पहाड़ी, छोटा नागपुर के पठार |
चढ़ाई | |
सहज रूट | Hike |
चोटी पर परसिद्ध जैन मंदिर शिखरजी बाटे जे जैन धर्म में बहुत महत्व वाला तीरथ मानल जाला। मान्यता हवे कि कई गो तीर्थंकर लोग एही पहाड़ी के शिखर से मोक्ष प्राप्त कइल।
संदर्भ
संपादन करींई भारत के कौनों अस्थान भा भूगोल से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |