पिछोला झील
पिछोला झील भारतीय राज्य राजस्थान के उदयपुर शहर में एगो बनावटी झील बाटे। एकर निर्माण 1362 में भइल आ ई साफ पानी के झील हवे। एकर नाँव एकरे बगल के गाँव पिछोला के नाँव पर रखल गइल।[1][2] ई उदयपुर शहर के आसपास मौजूद कई ठे झील सभ के झुंड के हिस्सा हवे जिनहन के निर्माण कई सौ साल में भइल जवना से कि शहर में पिए के पानी आ सिंचनी खातिर पानी के बेवस्था हो सके। एही झीलवे में जग मंदिर आ जग निवास नाँव के दू गो भवन दीप पर मौजूद बाड़ें जहाँ से एह झील के अलग-अलग हिस्सन के खुबसूरती के नजारा कइल जा सके ला।[1][3]
पिछोला झील | |
---|---|
लोकेशन | राजस्थान |
निर्देशांक | 24°34′19″N 73°40′44″E / 24.572°N 73.679°Eनिर्देशांक: 24°34′19″N 73°40′44″E / 24.572°N 73.679°E |
झील प्रकार | साफ पानी के झील |
थाला | 55 किमी2 (590,000,000 वर्ग फु) |
थाला के देस | भारत |
अधिकतम लंबाई | 4 किमी (2.5 मील) |
अधिकतम चौड़ाई | 3 किमी (1.9 मील) |
सतह क्षेत्र | 696 हे (1,720 एकड़) |
औसत गहिराई | 4.32 मी (14.2 फीट) |
अधिकतम गहिराई | 8.5 मी (28 फीट) |
आयतन | 13.08 मिलियन घन मीटर (462×10 6 घन फुट) |
दीप | जग निवास, जग मंदिर अउरी आर्सी विलास |
आबादी | उदयपुर |
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ 1.0 1.1 "Pichola Lake".
- ↑ "Lakes". Archived from the original on 19 August 2010.
- ↑ "Lake Pichola Udaipur". Archived from the original on 27 अक्टूबर 2008.
बाहरी कड़ी
संपादन करींविकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया पिछोला झील पर मौजूद बा। |