पोर्फाइरिटिक (अंग्रेजी: Porphyritic) एगो बिसेसन हवे जे चट्टानबिज्ञान आ भूबिज्ञान (जियोलॉजी) में इस्तेमाल होला आ अइसन चट्टान सभ के बतावे ला जिनहन में कुछ रवा भा दाना महीन होखें आ बीच-बीच में महिनका दाना सभ से मजिगरे बड़हन दाना भा रवा होखें। मने की दू किसिम के दानादार संरचना साफ-साफ देखलाई पड़े। ई बिसेसण खास तौर पर अगिनचट्टान सभ खाती इस्तेमाल होखे ला।

ईस्टरलाइट
पोर्फाइरिटिक रायोलाइट

संदर्भ संपादन करीं