अँजोर प्रदूषण
(प्रकाश प्रदूषण से अनुप्रेषित)
अँजोर प्रदूषण चाहे प्रकाश प्रदूषण, जेकरा फोटोपॉल्यूशन भी कहल जाला, रात के माहौल में मनुष्य द्वारा पैदा कइल फाजिल अँजोर हवे। बाकी प्रदूषण सभ नियर ई कौनों पर्यावरण भा ओकरे कौनों अंग में कौनों तत्व के हानिकारक प्रवेश के रूप में ना परिभाषित होला बलुक खुदे प्रकाश, मने कि अँजोर के बेसी हो जाए के घटना हवे।
एकर परभाव फोटिक हैबिटाट, मने कि अँजोर में रहे वाला जीवन के निवास क्षेत्र, में बिसमता पैदा करे ला। शहरी इलाका सभ के आकास में रात के समय एकर परभाव देखल जा सके ला। अगर रात के अइसन अँजोर कमरा (घर) के भीतर ले प्रवेश करे, नींद ख़राब करे आ मनुष्य के सेहत पर असर डाले वाला हो सके ला।
ई पर्यावरण-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |