प्रभास (𑂍𑂨𑂟𑂲: 𑂣𑂹𑂩𑂦𑂰𑂮) (जनम: 23 अक्टूबर 1979) एक ठो भारतीय एक्टर बाने जिनके मुख्य रूप में तेलुगु भाषा के फिलिम सभ में काम करे खातिर जानल जाला।[3] प्रभास के फिलिमी कैरियर के पहिली फिलिम 2002 में आइल ईश्वर नाँव के पारिवारिक ड्रामा फिलिम रहल।

प्रभास
𑂣𑂹𑂩𑂦𑂰𑂮
2015 में बाहुबली के परमोशन के दौरान प्रभास
जनमVenkata Satyanarayana Prabhas Raju Uppalapati[1]
(1979-10-23) 23 अक्टूबर 1979 (उमिर 44)[2]
मद्रास
राष्ट्रीयताभारतीय
शिक्षाबीटेक
सक्रियता साल2002 – वर्तमान
सम्मान/पुरस्कारआइफा, नंदी अवार्ड, फ़िल्मफ़ेयर अवार्ड
वेबसाइटprabhas.com

प्रभास के कुछ उल्लेख जोग फिलिम सभ में वर्षम् (2004), छत्रपति (2005), चक्रम् (2005), बिल्ला (2009), डार्लिंग (2010), मिस्टर परफेक्ट (2011), आ मिर्ची (2013) के नाँव आवे ला। प्रभास के राज्य स्तर के अवार्ड, नंदी अवार्ड, उनका फिलिम मिर्ची खातिर मिल चुकल बा।[4] बॉलीवुड में ऊ प्रभुदेवा के फिलिम एक्शन जैक्शन में लउकल रहलें।[5]

साल 2015 में एसएस राजामौली के फिलिम बाहुबली: दि बिगेनिंग (2015) में मुख्य भूमिका कइलें आ ई फिलिम भारत में अबतक ले के चउथी सभसे ढेर कमाई वाली फिलिम बनल।[6][7][8] एकरा बाद यही के सीक्वल फिलिम बाहुबली 2: दि कन्क्लूजन (2017) जवन भारत के पहिली अइसन फिलिम बनल जे ₹1000 करोड़ (US$155 मिलियन) से ढेर कमाई कइले होखे।[9][10][11]

फिलिमसूची संपादन करीं

Key
  एह चीन्हा वाली फिलिम अभिन ले रिलीज ना भइल बा
साल टाइटिल रोल भाषा टिप्पणी
2002 ईश्वर ईश्वर तेलुगु
2003 राघवेंद्र राघवेंद्र तेलुगु
2004 वर्षम वेंकट तेलुगु नामांकन - बेस्ट एक्टर के फिल्मफेयर अवार्ड - तेलुगु
2004 अडवी रामुडु रामुडु तेलुगु
2005 चक्रम चक्रम तेलुगु
2005 छत्रपति शिवा/ छत्रपति तेलुगु नामांकन - बेस्ट एक्टर के फिल्मफेयर अवार्ड - तेलुगु
2006 पौर्णामी शिवा केशव तेलुगु
2007 योगी ईश्वर प्रसाद / योगी तेलुगु
2007 मुन्ना मुन्ना तेलुगु
2008 बुज्जियागडु बुज्जी / लिंगा राजू / रजनीकांत तेलुगु
2009 बिल्ला बिल्ला / रंगा तेलुगु
2009 एक निरंजन छोटू तेलुगु नामांकन - बेस्ट एक्टर के फिल्मफेयर अवार्ड - तेलुगु
2010 डार्लिंग प्रभास / प्राभा तेलुगु CineMAA Awards
2011 मिस्टर परफेक्ट विक्की तेलुगु नामांकन - बेस्ट एक्टर के फिल्मफेयर अवार्ड - तेलुगु
2012 रिबेल ऋषि/रिबेल तेलुगु
2013 मिर्ची जय तेलुगु नंदी अवार्ड, नामांकन - बेस्ट एक्टर के फिल्मफेयर अवार्ड - तेलुगु
2014 एक्शन जैक्शन खुद हिंदी बिसेस उपस्थिती
2015 बाहुबली: दि बिगेनिंग महेंद्र बाहुबली / शिवडु
अमरेंद्र बाहुबली
तेलुगु
तमिल
नामांकन - बेस्ट एक्टर के फिल्मफेयर अवार्ड - तेलुगु[12][13]
2017 बाहुबली 2: दि कन्क्लूजन तेलुगु
तमिल
नामांकन - बेस्ट एक्टर के फिल्मफेयर अवार्ड - तेलुगु
2019 साहो अशोक[14] हिंदी
तमिल
तेलुगु
[15]

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. "15 Interesting Facts About Prabhas You Should Know Before Calling Yourself His Biggest Fan!". Indiatimes.com. 13 May 2017. Retrieved 14 May 2017. His full name is .
  2. "Happy birthday Prabhas: Six lesser known facts about the Baahubali actor". 23 अक्टूबर 2016. Retrieved 18 मार्च 2017. Actor Prabhas turned 37 on Sunday.
  3. "Baahubali creates history with opening day collections". India Today. 11 July 2015.
  4. "India's most expensive film?". Hindustan Times. 15 July 2013. Archived from the original on 15 December 2014. Retrieved 21 May 2017.
  5. "Bahubali wins national award for Best Film". दि टाइम्स ऑफ इंडिया. 28 मार्च 2016. Retrieved 28 April 2016.
  6. Oops... 'PK' Is Not Actually India's Top-Grossing Movie Ever. Forbes.com (14 अगस्त 2015). Retrieved on 28 April 2016.
  7. "'Baahubali' Zooms Past 'Dhoom', Now India's All Time #3". Forbes.
  8. Mike McCahill (12 July 2015). "Baahubali: The Beginning review – fantastic bang for your buck in most expensive Indian movie ever made". the Guardian.
  9. "Bahubali 2 Hits 1000 Crore Worldwide In Ten Days".
  10. Baahubali 2's ₹1000 crore collections: How SS Rajamouli's film achieved its box office numbers
  11. Baahubali 2 Creates History, Becomes First Indian Movie Ever To Collect Rs 1,000 Crore. Ndtv.com (30 April 2017). Retrieved 8 May 2017.
  12. "Prabhas-Rajamouli Movie Announced". indiaglitz. 18 फरवरी 2011. Retrieved 5 दिसंबर 2014.
  13. Sashidhar AS (13 जनवरी 2013). "Rajamouli-Prabhas' film is titled Bahubali". The Times of India.
  14. "Shraddha Kapoor's FUNNY Food Troubles With Saaho Co-Star Prabhas". YouTube. Bollywood Bubble. 24 अगस्त 2019.
  15. "Baahubali Prabhas's next film is Saaho, will have action by Transformers' stuntman". Hindustan Times (अंग्रेजी में). 23 अप्रैल 2017. Retrieved 24 अप्रैल 2017.