प्रयोग बिमान
कौनों प्रयोग बिमान या प्रयोग हवाईजहाज (अंग्रेजी: Experimental aircraft) एगो अइसन बिमान होला जवना के उड़ान में सफलता पूरा तौर पर साबित ना होखे। अकसर ई नाँव अइसन हवाईजहाज सभ खातिर इस्तेमाल होला जे नया टेक्नालॉजी के टेस्ट करे खातिर बनावल जालें जवना से कि भविष्य में एह टेक्नालॉजी के प्रयोग से नया किसिम के हवाईजहाज बनावल जा सकें, हालाँकि, ई शब्दावली के अउरी ब्यापक अर्थ में भी प्रयोग होला।
अमेरिका में अकसर निजी तौर पर बनल हवाईजहाजन के भी प्रयोग हवाईजहाज के नाँव दिहल जाला जिनहन के उडावे खातिर बिसेस किसिम के लाइसेंस दिहल गइल होखे। ई जहाज कई बेर पुरान टेक्नालॉजी के आधार पर घर में बनावल जहाज होलें आ वास्तव में प्रयोग हवाईजहाज ना होलें।[1]
इहो देखला जाय
संपादन करींफुटनोट
संपादन करीं- ↑ "Experimental Category". Faa.gov. 2011-06-07. Retrieved 2016-06-22.
ई टेक्नालॉजी-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |