प्लेट टेक्टॉनिक्स
(प्लेट टैक्टॉनिक्स से अनुप्रेषित)
प्लेट टेक्टॉनिक्स भूगोल आ भूगर्भ बिग्यान से जुड़ल एगो संकल्पना बाटे जेवना में पृथ्वी पर होखे वाला टेक्टॉनिक क्रिया, मने कि हलचल से संबंधित अध्ययन कइल जाला। पृथिवी के अंदरूनी बनावट के अध्ययन से ई पता चले ला कि एकरे मैंटल में उपरी हिस्सा में एगो अइसन परत पावल जाले जे आधा-पघिलल परत के नियर बा आ ई एस्थेनोस्फीयर कहाला। एही एस्थेनोस्फीयर के ऊपर के परत, जेह में पृथ्वी के क्रस्ट आ मैंटल के कुछ हिस्सा शामिल बा, लिथास्फीयर (थलमंडल) कहाला जे कई बिसाल टुकड़ा में बँटल बाटे। एह बिसाल टुकड़ा सभ के प्लेट कहल जाला आ इनहने के गति के अध्ययन प्लेट टेक्टॉनिक्स हवे।
बिस्व के प्रमुख प्लेट
संपादन करीं- अफ्रीकी प्लेट
- यूरेशियाई प्लेट
- उत्तर अमेरिकी प्लेट
- दक्खिन अमेरिकी प्लेट
- भारतीय-ऑस्ट्रेलियाई प्लेट
- अंटार्कटिक प्लेट
- प्रशांत प्लेट
बाहरी कड़ी
संपादन करींविकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया प्लेट टेक्टॉनिक्स पर मौजूद बा। |
ई भूआकृति बिज्ञान-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |