फलकनुमा पैलेस

हैदराबाद, तेलंगाना में एगो महल

फलकनुमा पैलेस भारत में तेलन्गाना की हैदराबाद में स्थित बहुते बढ़िया जगहन में से एक ह। इ पैगाह परिवार से संबंधित बा जेपर बाद में निजाम द्वारा राज कइल गइल।[2] इ फलकनुमा में 32 एकड़ क्षेत्र में बनल बा तथा चारमिनार से 5 किमी की दूरी पर बा। एकर निर्माण नवाब विकार- उल-उमर द्वारा कइल गइल रहे जवन कि हैदराबाद क प्रधानमन्त्री रह न।[3] फलकनुमा क उर्दू में तात्पर्य होला - “असमान की जैसन” चाहें “असमान क आइना”

Falaknuma Palace
ఫలకునుమా ప్యాలస్
فلک نما محل
फलकनुमा पैलेस उत्तर ओर से देखला पर
General information
Architectural styleआंध्रा पैलेडियो
Locationहैदराबाद, भारत
Coordinates17°19′50″N 78°28′03″E / 17.3305°N 78.4675°E / 17.3305; 78.4675
Construction started3 मार्च 1884
Completed1893
Opening2010 (होटल के रूप में)
1893 (महल के रूप में)
Cost40 लाख
Ownerनवाब सर विकार उल अम्रा, हैदराबाद के निजाम
Managementताज होटल्स रिजॉर्ट्स एंड पैलेसेस
Technical details
Size93,971 मी2 (1,011,500 वर्ग फु)
Design and construction
ArchitectWilliam Ward Marrett.[1]

डिजाईन संपादन करीं

ए महल क डिज़ाइन एगो अंग्रेजी शिल्पकार बनवले रह न। एकर रचना क आधारशिला 3 मार्च 1884 के सर विकार की द्वारा रखल गइल रहे। इ हैदराबाद की तीसरा निजाम सिकंदर जाह बहादुर क नाती रह न। ए निर्माण के पूरा होखले में कुल 9 वर्ष का समय लागल। एकर निर्माण पूरा तरह से इटेलियन पत्थर से भइल बा तथा इ 93971 वर्ग मीटर क्षेत्र के घेरले बा।

इतिहास संपादन करीं

 
Falaknuma Palace in 1900

हैदराबाद क प्रधानमंत्री, विकार-उल-उमर ए जगह के अपनी निजी निवास की तौर पर तबले प्रयोग कइ न जब ले की एकर मालिकी उनकी पास रह ल, बाद में इ पैलेस 1897-98 की लगभग हैदराबाद की छठा निजाम के दे दिहल गइल। फलकनुमा पैलेस के निर्माण में एतना अधिक लागत आइल कि खूब अमीर सर विकार के भी ए महल क काम पूरा करावे खातिर बैंक ऑफ़ बंगाल से लोन लेवे के पड़ गइल। बाद में लेडी उल उमर क छोट भाई महबूब अली पाशा निजाम vi 1897 में एईजा रहे अई न जिनके इ पैलेस काफी पसंद आइल, जेकरी चलते सर विकार इ पैलेस निजाम के उपहार में दे दिहन जेकरी बदले में पैगाह परिवार की अनुसार ओ समय में सर विकार के 20 लाख रूपया मिलल, हालाँकि कहल जाला की महल की बदले मिलल पैसा कहीं ज्यादा रहे। बाद में निजाम ए महल के शाही अतिथि गृह की तौर पर प्रयोग कइल शुरू क दिह न काहें की एईजा से पूरा शहर क नज़ारा देखे के मिलेला।

टेलीफ़ोन तथा विद्युत् सिस्टम क सेवा ए पैलेस में सन 1883 में ओस्लेर की द्वारा शुरू कइल गइल रहे। आंकड़न की अनुसार ए पैलेस में उपलब्ध स्विच बोर्ड्स भारत क उपलब्ध सबसे बड़ स्विच बोर्ड्स में से एक ह। सन 2000 तक इ पैलेस निजाम परिवार क निजी संपत्ति रहे तथा सामान्य जनता खातिर आम रूप से खुलल नाहीं रहे। ए पैलेस में बिलियर्ड्स रूम भी बा, जेमें स्थित टेबल इंग्लैण्ड क बोरो आ वाट्स मिलके डिजाईन कइले रहे लो, ऐसन दुगो टेबल बनावल गइल रहे जेमें से एगो बन्किन्घम पैलेस में बा तथा दूसरा एईजा रखल बा।

विलासितापूर्ण होटल में परिवर्तन संपादन करीं

 
The entrance to the Palace.

सन 2000 में ताज होटल ए पैलेस क नवीनीकरण क कार्य शुरू कइलस।[4] नया बदलावन की साथ ए होटल के नवम्बर 2010 में मेहमानन खातिर खोल दिहल गइल। एकर कमरा और दीवारन के फ्रांस से मंगावल गइल ओर्नेट फ़र्नीचर, हाथ से काम कइल गइल सामान से तथा ब्रोकेड से सुसज्जित कइल गइल बा। ए पैलेस में 101 सीट्स वाला भोजन गृह बा जेके संसार का सबसे बड़ डाइनिंग हॉल मानल जाला।[5] साथे साथ दरबार हॉल भी बा जेके विश्वस्तरीय शिल्प का अनुप्रयोग करके सुसज्जित कइल गइल बा|[6]

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Falaknuma palace". Retrieved 3 मार्च 2015.
  2. Business Standard. "Affairs of state". Business-standard.com. Retrieved 2012-12-20. {{cite web}}: |author= has generic name (help)
  3. "Falaknuma Palace". Archived from the original on 2008-03-16.
  4. "Ratan Tata to meet K Rosaiah on November 7 - Money - DNA". Dnaindia.com. 2010-10-31. Retrieved 2012-12-20.
  5. "About Taj Falaknuma Palace". cleartrip.com. Retrieved 29 December 2016.
  6. "The Tribune, Chandigarh, India - Main News". Tribuneindia.com. Retrieved 2012-12-20.

बाहरी कड़ियाँ संपादन करीं