फोटोशॉप
अडोबी फोटोशॉप (अंग्रेजी: Adobe Photoshop) चाहे जे फोटोशॉप भर के नाँव से जानल जाला, एगो रास्टर एडिटिंग सॉफ्टवेयर हवे जे एडोबी इंक. कंपनी द्वारा बजार में प्रकाशित होला। ई मूल रूप से 1988 में थॉमस आ जॉन नॉल द्वारा बनावल गइल। जल्दिये ई अतना पापुलर भइल कि फोटो एडिट करे खाती "फोटोशाप कइल", "फोटोशापिंग" नियर भाषाई इस्तेमाल चलन में आ गइल, हालाँकि, एडोबी कंपनी अइसन बेहवार के कम पसंद करे ले।
फोटोशाप में रास्टर इमेज के एडिट कइल जा सके ला आ ई कई लेयर में, मास्क के साथ आ अल्फ़ा कंपोजिटिंग इत्यादि के सपोर्ट करे ला। फोटोशाप में कई तरह के कलर मॉडल सभ के सपोर्ट भी बा जेह में आरजीबी, सीएमवाइके, स्पॉट कलर आ डुओटोन इत्यादि बा। एकर आपन खुद के फाइल फारमेट PSD
आ PSB
बाड़ें।
फोटोशाप के साथे-साथ, अडोबी द्वारा अउरी कई गो सॉफ्टवेयर उपलब्ध करावल जा रहल बाने जइसे कि, फोटोशाप एलिमेंट्स, फोटोशाप लाइटरूम, फोटोशाप एक्सप्रेस, फोटोशाप फिक्स, फोटोशाप स्केच आ फोटोशाप मिक्स; ई सगरी "फोटोशाप परिवार" के रूप में भी जानल जालें। इहो घोषणा बा की 2019 में आइपैड खाती फोटोशाप लांच होखे वाला बाटे।[1]
संदर्भसंपादन
Page टेम्पलेट:Reflist/styles.css has no content.
- ↑ Phelan, David (13 जुलाई 2018). "Adobe: Photoshop For iPad Is Coming, Product VP Reveals In Interview". फोर्ब्स. Retrieved 21 जुलाई 2018.
ई सॉफ्टवेयर-सम्बन्धी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |