फ्रेडरिक शोपें (अंग्रेजी: Frédéric Chopin; 1 मार्च 1810 – 17 अक्टूबर 1849) एगो पोलैंडी संगीतकार आ पियानो बजावे वाला रहलें। रोमांटिक म्यूजिक के दौर में, इनका के बहुत पर्भावशाली संगीतकार लोग में गिनल जाला।

Chopin, daguerreotype by Bisson, c. 1849
Chopin's signature

वारसा के डची में इनके जनम भइल आ 21 बरिस के उमिर में ई फ्रांस के राजधानी पेरिस में आ गइलें। इनके सगरी कंपोजीशन सभ में पियानो शामिल बा आ कई सारा कंपोजीशन अकेले पियानो पर बजावे खातिर बाड़ी सऽ। आपन कंपोजीशन बेच के आ पियानो सिखा के (जेकर ओह समय बहुत माँग रहल) ई आजीविका चलावें।

संदर्भ संपादन करीं