फ्लिक (Flick) हाल में परिभाषित कइल गइल, समय के एगो इकाई बा जे एक सेकेंड के लगभग सत्तर करोड़वाँ हिस्सा (1/705,600,000) बा।[1][2] एकर घोषणा फेसबुक द्वारा कइल गइल आ ई बीडियो आ एनीमेशन में कामे आई। फ्लिक शब्द फ्रेमटिक के मिला के बनावल गइल बा।

बतावल जा रहल बा कि बीडियो आ एनीमेशन सभ के फ्रेम सभ के स्पीड के गिनती में जब गुणा-भाग इंटीजर (पूरा अंक) में न हो के भिन्न में होखे ला तब एरर सभ कुछ समय बाद एकट्ठा होखत-होखत अतना हो जालें कि देखे वाला के नोटिस में आवे लागे लें। एह इकाई के प्रयोग से एह समस्या के मुक्ती मिल जाई।[3][4]

संदर्भ संपादन करीं

  1. "फ़ेसबुक ने खोजा सेकेंड का 70 करोड़वां हिस्सा". Bbc.com. 1970-01-01. Retrieved 2018-01-25.
  2. "OculusVR/Flicks: A unit of time defined in C". GitHub. 2018-01-16. Retrieved 2018-01-25.
  3. "Facebook invents new unit of time called a flick - BBC News" (अंग्रेजी में). Bbc.com. Retrieved 2018-01-25.
  4. "Facebook invents 'flick,' a new unit of time to measure digital audio & video — RT World News". Rt.com. Retrieved 2018-01-25.