बबल छँटाई एगो छँटाई के बिधी हऽ जेवन की सऊँसे सूची मे बेर बेर घूरेला, अगिला चिक्ष के पिछलका से तूलना करेला आ जदि ऊ दुन्नो सही क्रम मे ना रहे तऽ दून्नो के अदला-बदली कर देवेला। एहमें तबले सूची भ मे घुरल जाला जबले पूरा सूची के छँटाई ना हो जाला। भले ई बिधि बहुते सरल बा बाकिर बहुते लहे लहे काम करेला आ कतना समस्या सभ ला अप्ययोगिक बा।

बबल छँटाई
Static visualization of bubble sort[1]
क्लासSorting algorithm
डेटा स्ट्रक्चरArray
सभसे खराब केस परफार्मेंस comparisons, swaps
सभसे नीमन केस परफार्मेंस comparisons, swaps
एभरेज केस परफार्मेंस comparisons, swaps
सभसे खराब केस स्पेस जटिलता auxiliary
 
बबल छँटाई बीधी के एगो उदाहरन, सूची के पहिला अंग से चालू करीं, अगिला मय जोड़ा के मिलाईं, जदि दुन्नो सही क्रम मे नइखे तऽ दुन्नो के अदला बदली कर दिहीं। सूची मे तबले घुरीं जबले सभ अंग एगो बिसेस क्रम मे नइखे आ जात।

बबल छँटाई के सभसे खराब औसत समय जटिलता O(n ²) हऽ, जेने n छाँटे वला चीझन के संख्या हऽ। बसी समय लिहला के चलते ई बीधि अप्ययोगिक बा।

बिधी जोरे उदाहरण

संपादन करीं

एगो त्राम चाहे अएरे लिहीं "5 1 4 2 8" आ हेकरा बढ़त क्रम मे छाँटी। हर डेग प मोटहन अंग के मिलावल जाई। सूची मे तीन हाली घुरे के जाओरत पड़ी।

पहिलका घुमरी

( 5 1 4 2 8 ) → ( 1 5 4 2 8 ), एहिजा, पहिलका दुगो अंकन के मिलावल जाता आ अदला बदली कईल जाता। एहसे के 5>1
( 1 5 4 2 8 ) → ( 1 4 5 2 8 ), बदल दिहिन एहसे की 5 > 4
( 1 4 5 2 8 ) → ( 1 4 2 5 8 ), बदल दिहिं एहसे की 5 > 2
( 1 4 2 5 8 ) → ( 1 4 2 5 8 ), अबहिन, ई दुन्नो पहिलहीं क्रम मे बाड़न सन(8 > 5), तऽ एखिनी के अदला बदली कईल जाई
दूसरका घुमरी
( 1 4 2 5 8 ) → ( 1 4 2 5 8 )
( 1 4 2 5 8 ) → ( 1 2 4 5 8 ), बदल दिहिं एहसे की 4 > 2
( 1 2 4 5 8 ) → ( 1 2 4 5 8 )
( 1 2 4 5 8 ) → ( 1 2 4 5 8 )

अबहिन, सूची क्रम मे आ गइल बा, बाकिर बिधी नइखे जानत के क्रम मे बा की ना. हेकरा बदे सूची मे फेर एक हाली घूरे के पड़ी

तीसरका घूमरी
( 1 2 4 5 8 ) → ( 1 2 4 5 8 )
( 1 2 4 5 8 ) → ( 1 2 4 5 8 )
( 1 2 4 5 8 ) → ( 1 2 4 5 8 )
( 1 2 4 5 8 ) → ( 1 2 4 5 8 )
  1. Cortesi, Aldo (27 April 2007). "Visualising Sorting Algorithms". Retrieved 16 March 2017.