बर्तोल्त ब्रेष्त

एगो जर्मन कवि, नाटककार, आ रंगमंच निर्देशक हवें

युगेन बर्तोल्त फ्रेडरिष ब्रेष्त (10 फरवरी 1898 — 14 अगस्त 1956) जिनके बर्तोल्त ब्रेष्त के नाँव से जानल जाला, जर्मन रंगमंचकार, नाटककार आ कवी रहलें। जर्मन साम्राज्य के समय में बवेरिया के औग्सबुर्ग में जनमल ब्रेष्त वीमर शासन के दौरान म्युनिख़ में थियेटरकर्मी के रूप में सफल भइलें, ओकरे बाद 1924 में बर्लिन आ गइलेन। इहाँ ऊ कुर्त वे'ल के साथे थ्रिपेनी ओपरा लिखलें आ एकरे बाद ऑस्ट्रियाई कंपोजर हान्स एइस्लर के साथे इनके जोड़ी जमल। एह दौर में ब्रेष्त मार्क्सबादी बिचारधारा अपना लिहलें। ऊ थियेटर से संबंधी सिद्धांत लिखलें (Lehrstücke)।

बर्तोल्त ब्रेष्त
जनमEugen Berthold Friedrich Brecht
(1898-02-10)10 फरवरी 1898
Augsburg, Bavaria, German Empire
निधन14 अगस्त 1956(1956-08-14) (उमिर 58)
East Berlin, East Germany
पेशा
  • Playwright
  • theatre director
  • poet
राष्ट्रियताGerman
बिधा
जीवनसाथीलोग
दसखत

नाजी काल में, इनका के देसनिकाला में रहे के पड़ल, पहिले ई स्कैंडिनेविया में रहलें आ बाद में दुसरे बिस्वजुद्ध के समय में अमेरिका में। जुद्ध के बीते पर ब्रेष्त पूरबी बर्लिन लवटलें आ उहाँ बर्लिनर एन्सेंबल नाँव के थियेटर कंपनी शुरू कइलेन। एह में इनके मेहरारू हेलेन वी'गल साथ दिहली जे लमहर समय से इनके सहजोगीयो रहली।

संदर्भ संपादन करीं

बाहरी कड़ी संपादन करीं

  • बर्तोल्त ब्रेष्त (1999). एकोत्तरशती. Translated by भट्टाचार्य, उज्ज्वल. दिल्ली: वाणी प्रकाशन. ISBN 978-81-7055-658-9ब्रेष्त के 101 कबिता सभ के हिंदी में अनुबाद।{{cite book}}: CS1 maint: postscript (link)