बारूद
बिस्फोटक चीज, पड़ाका में आ कुछ फायरआर्म्स जइसे बंदूक, तोप में इस्तेमाल
बारूद जेकरा के अंग्रेजी में गन पावडर भा ब्लैक पाउडर कहल जाला, एक तरह के बिस्फोटक पदार्थ हवे जे चिंगारी पकड़ले पर तेज आवाज आ धुआँ के साथे तेजी से जरे ला। ई एक तरह के रासायनिक मिक्सचर हवे जेह में गंधक, चारकोल (मोलायम लकड़ी के कोइला) आ शोरा (साल्टपिटर) मिलल होला। एकरे बिस्फोटक लच्छन के कारण ई पड़ाका बनावे, बिबिध किसिम के बंदूक आ हथियारन में आ अउरी कई किसिम के बिस्फोट करे में इस्तेमाल होखे ला।
मनुष्य द्वारा बनावल ई पहिला बिस्फोटक पदार्थ हवे। आमतौर पर एह में 75% शोरा, 15% चारकोल आ 10% गंधक होला। चारकोल आ गंधक एकरा तेजी से जरे में ईंधन के काम करे लें जबकि शोरा ऑक्सीडाइजर होला।
संदर्भ
संपादन करींई रसायनशास्त्र-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |