बिस्व मधुमाछी दिवस चाहे विश्व मधुमक्खी दिवस (World Bee Day) 20 मई के मनावल जाए वाला दिवस हवे। ई यूनाइटेड नेशंस द्वारा घोषित एगो दिवस हवे जे मधुमाछी आ अउरी अइसने परागण में सहायक जीवधारी सभ के भूमिका के पहिचान दियावे खातिर मनावल जाला।[1]

2018 के बिस्व मधुमाछी दिवस, स्लोवेनिया के ब्रेजिंका में मनावल जा रहल बा।

20 मई स्लोवेनिया के एंटोन जान्सा के जनमदिन हवे जे 1734 में एही दिन पैदा भइल रहलें आ मधुमक्खी पालन के क्षेत्र में काम कइलेन। 2017 के दिसंबर में स्लोवेनिया के प्रस्ताव के यूनाइटेड नेशंस के मजूरी मिलल आ ई दिवस पूरा बिस्व में मनावल जाए लागल।[2]

इहो देखल जायसंपादन

संदर्भसंपादन