बिहार क इतिहास प्रागैतिहासिक काल से मिले शुरू हो जाला जेवना में लिखित इतिहास से पहिले की ज़माना के माटी के बर्तन आ पत्थर के औज़ार मिलेला। बिहार में आर्य लोगन की आगमन के इतिहास 800 ईसा पूर्व की आसपास मानल जाला। उत्तर वैदिक समय में बिहार में कई गो राज्य जैसे कि विदेह, वैशाली, अंग नियर राज्यन के बिकास भइल। एकरी बाद बिहार में मगध राज्य के बिस्तार भइल जेवन सभसे ढेर बिस्तार वाला राज्य रहे। मौर्य साम्राज्य की समय इहाँ बौद्धजैन धर्म के ब्यापक बिस्तार बढ़ल आ 320 ई में चंद्रगुप्त प्रथम पाटलिपुत्र (पटना) में महाराजाधिराज के पदवी धारण कैलें। गुप्त राज की क्षय की बाद पूरबी भारत में पाल बंस के अधिकार भइल आ एही समय मिथिला में कर्नाट राजा लोगन के शासन चलल।

बारहवीं सदी की अंत में बख्तियार खिलजी बिहार पर धीरे-धीरे शासन बढ़ावे शुरू कइलन आ तेरहवीं सदी की शुरुआत से बिहार में तुर्क लोगन के राज अस्थापित भइल। पाल बंस की पतन की बाद कुछ समय खातिर शाहाबाद, सारण, चम्पारण आ मुजफ्फरपुर की इलाका में चेर लोगन के शासन भइल। उज्जैनवंशी राजपूत लोग तेरहवीं सदी में भोजपुर से आपन राज चलावल लोग आ पंद्रहवी सदी ले बिहार में कई गो छोट-छोट राज अस्थापित रहलें। अफगान बंस के शेरशाह पंद्रहवीं सदी में आपन अधिकार बहुत बड़ा इलाका पर कइलन आ सहसराम (सासाराम) से शासन कइलें। 1580 में अकबर बिहार के मुगल राज के सूबा(प्रान्त) घोषित कइलें आ कमोबेस पूरा बिहार के सगरी छोट-बड़ राजा आ नवाब लोग मुगल शासन के अपनी ऊपर मानल। बंगाल से सटल इलाका में बाद में बंगाल की नवाब लोगन के अधिकार भइल आ ई स्थिति अंग्रेजन की अइला ले बनल रहल।

बिहार में बिदेसी लोगन में सभसे पहिले पुर्तगाली लोग आइल जे बंगाल की हुगली में आपन अड्डा बना के पटना ले नाइ से ब्यापारी की रूप में आवे। बिहार एह समय शोरा की ब्यापार खातिर मसहूर रहे। अंग्रेज लोग 1620 ई में पटना की आलमगंज में आपन पहिला फैक्टरी अस्थापित कइल आ इहाँ आपन ब्यापार बढ़ावे शुरू कइल। पलासी की लड़ाईबक्सर की लड़ाई की बाद ए इलाका पर अंग्रेज लोगन के शासन शुरू भइल आ भारत की आजादी ले चलल।

आजादी की लड़ाई में बिहार में कई ठे महत्ववाली घटना भइल। जगदीशपुर में कुँवरसिंह आपन स्वतंत्र राज चलवलें। उन्नईस्वीं सदी की पछीला हिस्सा में वहाबी आंदोलन बिहारो में जोर पकरलस। 1908 में मुजफ्फरपुर बम कांड भइल आ एकरी बाद बिहार में क्रांतिकारी भावना के अस्थापना भइल। पटना में अनुशीलन समिति की एगो शाखा के अस्थापना 1913 में भइल। भारतीय राष्ट्रीय काँग्रेस क बिहार में पहिला अधिवेशन पटना की बाँकीपुर में 1912 में भइल। गाँधीजी आपनी सत्याग्रह के शुरुआत 1917 में चम्पारन से कइलें। 1922 में भागलपुर झंडा कांड भइल। असहयोग आंदोलन से ले के भारत छोड़ो आंदोलन ले बिहार के जनता भारत की आजादी की लड़ाई में बढ़-चढ़ के हिस्सा लिहलस।

संदर्भ संपादन करीं