बिहार विद्यालय परीक्षा समीति (अंग्रेजी: Bihar School Examination Board या BSEB) जेकरा के आमतौर प बिहार बोर्ड के नाँव से जानल जाला, भारतीय राज्य बिहार के एगो बिधिक निकाय (सैट्यूटरी बॉडी) हवे जे बिहार सरकार के अधीन काम करे ला आ राज्य में माध्यमिकउत्तर-माध्यमिक स्तर पर इम्तिहान करावे ला। एह मुख इम्तिहानन के आलावे, ई बोर्ड अउरी कई किसिम के परीक्षा भी करावे ला जइसे कि शारीरिक शिक्षा में डिप्लोमा, शारीरिक शिक्षा में सर्टिफिकेट कोर्स, आ बिहार राज्य खाती टीचर एलिजिबिलिटी टेस्ट (बिहार टेट या बिहार टीईटी) नियर परीक्षा करावे के जिम्मेदारी भी एही संस्था के हवे।

बिहार विद्यालय परीक्षा समीति
छोट नाँवबीएसईबी, पटना
बनल1952
प्रकारराज्य शिक्षा बिभाग के अधीन ऑटोनामस बॉडी
कानूनी स्टेटसचालू
मुख्यालयपटना, बिहार, भारत
लोकेशन
  • सिन्हा लाइब्रेरी रोड, पटना - 800017, बिहार
ऑफिशियल भाषा
हिंदी आ अंग्रेजी
मालिकबिहार सरकार
स्टाफ
700
वेबसाइटbiharboardonline.bihar.gov.in

बिहार बोर्ड के अस्थापना बिहार विद्यालय परीक्षा बोर्ड एक्ट - 1952 के खंड 3 के तहत भइल हवे। माध्यमिक (सेकेंडरी या हाईस्कूल) आ उत्तर-माध्यमिक (हायर-सेकेंडरी या इंटरमीडिएट) बिद्यालय सभ के परीक्षा, जे एह बोर्ड के मुख्य काम हवे, ई बोर्ड साल में दू बेर करावे ला - मुख्य परीक्षा फरवरी-मार्च में आ सप्लीमेंटरी परीक्षा अगस्त-सितंबर में।

बाहरी कड़ी संपादन करीं