बिहू भारतीय राज्य आसाम के सभसे प्रमुख तिहुआर हवे। ई साल में तीन बेर मनावल जाला, अलगा-अलगा नाँव से। रोंगाली बिहू, बसंत के तिहुआर हवे आ अंग्रेजी कलेंडर के हिसाब से अप्रैल के महीना में मनावल जाला। कोंगाली बिहू, अक्टूबर में मनावल जाला आ ई कमी के सीजन के तिहुआर हवे। माघ के महीना माने जनवरी में भोगाली बिहू मनावल जाला जे भोग माने भोजन के साथे जुड़ल तिहुआर हवे।