बुर्ज खलीफा برج خليفة यूनाइटेड अरब अमीरात के दुबई में मौजूद एगो इमारत बा आ एकर कुल ऊँचाई 829.8 मी (2,722 फीट) आ बिल्डिंग के ऊँचाई (अगर एंटीना के ना जोड़ल जाय) 828 मी (2,717 फीट) बाटे आ एह तरीका से ई दुनिया के सभसे ऊँच इमारत हवे। बुर्ज खलीफा के दोसर नाम बुर्ज दुबई बाटे। ऐकर उद्घाटन 2010 में एगो लम्हर इमारत के तौर पर भइल बाते। मौजूदा समय में ई विश्व के सबसे लम्हर इमारत बा।

बुर्ज खलीफा
दुबई के आकाश रेखा में बीचोबीच बुर्ज खलीफा, दुनिया के सभसे ऊँच बिल्डिंग