बेकल उत्साही
बेकल उत्साही (1928 – 3 दिसंबर 2016), असल नाँव मो॰ शफ़ी खाँ लोदी,[2] एक ठो कवी, लेखक आ राजीनीतिज्ञ रहलें। उत्साही हिंदी-उर्दू आ अवधी भाषा[3] में कबिताई करें। देसी भाषा के इस्तेमाल इनके कविता आ गीत सभ के बिसेसता मानल जाले।[4]
बेकल उत्साही | |
---|---|
Born | शफ़ी खाँ लोदी 1928 बलरामपुर, उत्तर प्रदेश, भारत |
Died | 3 दिसंबर 2016 (उमिर 88)[1] नई दिल्ली , भारत |
Cause of death | बेमारी/बुढ़ापा |
Nationality | भारतीय |
Occupations | कवी, लेखक, नेता |
Organization | कांग्रेस पार्टी |
Parents | जफर खां लोदी, बिस्मिल्ला बेगम |
Website | http://bekalutsahi.webs.com |
एकरे अलावा, उत्साही काँग्रेस पार्टी से जुड़ल रहलें आ राज्य सभा के सदस्य भी रहलें। उत्साही के पद्मश्री आ यश भारती सम्मान मिलल रहे।
जीवन
संपादन करींबेकल उत्साही के वास्तविक नाँव शफ़ी खाँ लोदी रहल। इनके बाबूजी के नाँव मो॰ जफ़र खां लोदी आ माताजी के नाँव बिस्मिल्ला रहल। इनकर जनम सन् 1928 में बलरामपुर जिला के गौर रमवापुर में भइल। सुरुआती पढ़ाई अपने गाँव में आ हाईस्कूल के पढ़ाई बलरामपुर के ऍस॰सी॰ कॉलेज से भइल।[2]
1952 के चुनाव परचार में जवाहरलाल नेहरू गोंडा के दौरा पर रहलें आ एही समय इनकर कबिता सुन के इनके उत्साही कहलें।[2]
राजनीतिक जीवन
संपादन करींउत्साही कांग्रेस से जुड़ल रहलें आ इंदिरा गाँधी के करीबी रहलें। राष्ट्रीय अखंडता के खातिर काम करे के कारण इनके राज्य सभा खातिर नामांकित कइल गइल।[5] राष्ट्रीय इंटीग्रेशन कौंसिल के सदस्य भी रहलें, जेकर अध्यक्ष परधानमंत्री होलें।[6]
रचना संसार
संपादन करींबेकल उत्साही के हिंदी आ उर्दू के बीच के दूरी कम करे वाला साहित्यकार मानल जाला।[7] इनके कुछ प्रमुख रचना के नाँव नीचे दिहल बा:
- नगमा-ओ-तरन्नुम (1958)
- बिगुलविजय
- लहके बगिया महके खेत
- सरवरे जाविदाँ (1960)
- अपनी धरती चाँद का दर्पन
- पुरवाईयाँ (1976)
- कोमल मुखड़े बेकल गीत
- शुआमजी (1984)
- चल गोरी दोहापुरम्
अनुबाद
संपादन करीं- नेपाल के शाह महेंद्र के गीत संग्रह बसई को लोग के अनुबाद
- फिलिस्तीनी कवी महमूद दरवेश के रचना के अनुबाद
सम्मान
संपादन करीं1976 में उत्साही के पद्मश्री सम्मान मिलल। एकरे अलावा इनके उत्तर प्रदेश सरकार द्वारा यश भारती से सम्मानित कइल गइल।[8]
संदर्भ
संपादन करींविकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Bekal Utsahi पर मौजूद बा। |
- ↑ http://www.amarujala.com/lucknow/bekal-utsahi-died-after-brain-haemorrhage
- ↑ 2.0 2.1 2.2 Awadhi Granthawali-4. Vani Prakashan. 2011. pp. 393–. ISBN 978-81-8143-904-8.
- ↑ Hamare lok Priya Geetkar Bekal Utsahi. Vani Prakashan. pp. 8–.
- ↑ Cala gorī dohāpuram. Vāṇī Prakāśana. 2009. pp. 5–. ISBN 978-93-5000-006-9.
- ↑ List of Former Members of Rajya Sabha (Term Wise). Rajya Sabha Secretariat.
- ↑ Re-constitution of the National Integration Council. Government of India, Ministry of Home Affairs (5 अप्रैल 2010) . Retrieved on 3 December 2016.
- ↑ Bṛhad Urdū sāhitya kośa. Vāṇī Prakāsana. 2002. pp. 347–. ISBN 978-81-7055-985-6.
- ↑ Akhilesh honours 56 achievers with Yash Bharti. Times of India (10 फरवरी 2015). Retrieved on 2016-12-03.