साइंटिफिक मेथड (अंग्रेजी: scientific method; अरथ: बैज्ञानिक बिधि) बिज्ञान सभ में इस्तेमाल होखे वाला गणितीय आ एक्सपेरिमेंटल टेकनीक ह; बिसेस रूप से हाइपोथीसिस के टेस्टिंग में इनहन के इस्तेमाल होला आ कौनो थियरी के निर्माण में एकर सबसे महत्व वाली भूमिका होखे ले।[1] ई बेवस्थित आ तार्किक स्ट्रेटजी होला जेकरा भीतर चीजन के बारे में ऑब्जर्वेशन कइल जाला, निश्चित स्टेप[2] सभ से गुजर के, बिसय से अलग रह के ऑब्जेक्टिव तरीका से टेस्ट भा परीक्षण कइल जाला आ निष्कर्ष निकालल जालें आ ब्याख्या प्रस्तुत कइल जाला। ऑब्जेक्टिविटी, तार्किकता आ पर्याप्त डेटा, परीक्षण भा एक्सपेरिमेंट के डिजाइन नियन चीज साइंटिफिक मेथड के सभसे महत्व वाला पहलू होलें। कड़ाई से परिभाषित कइल जाय त बिज्ञान ओही के कहल जाला जे एह बैज्ञानिक बिधि (साइंटिफिक मेथड) सब के पालन क के, इनहना अनुसार चल के निष्कर्ष आ ब्याख्या ले पहुँचे ला।[3] एह तरीका से इहे साइंटिफिक मेथड ई सुनिश्चित करे लें कि बिज्ञान पसंद-नापसंद आ सुबिधा के हिसाब ने ना बलुक तर्क आ बेवस्थित तरीका से रिजल्ट निकाले ला।[4]

साइंटिफिक मेथड (बैज्ञानिक बिधि) आ एकर स्टेप

साइंटिफिक मेथड के आइडिया 16वीं - 17वीं सदी में फ्रांसिस बेकन आ रेने देकार्त]] नियर दार्शनिक लोगन के कोसिस से बिकसित भइल।[5] एह मेथड सभ के खुद के अध्ययन मेथडोलॉजी चाहे रिसर्च मेथडॉलजी हवे। कई बेर बिज्ञान के मकसद आ परिणाम (प्रोडक्ट) सभ के साइंटिफिक मेथड सभ से अलग क के देखल जाला; मेटा-मेथडॉलजी से रिसर्च मेथड सभ के अलग क देखल जाला।[6]

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Scientific method | Definition, Steps, & Application | Britannica". britannica.com (अंग्रेजी में). 7 नवंबर 2023. Retrieved 31 दिसंबर 2023.
  2. "Steps of the Scientific Method". Science Buddies. Retrieved 31 दिसंबर 2023.
  3. "Chapter 1 Science and Scientific Research | Research Methods for the Social Sciences". courses.lumenlearning.com. Retrieved 31 दिसंबर 2023.
  4. Bradford, Alina; published, Ashley Hamer (17 जनवरी 2022). "What Is Science?". livescience.com (अंग्रेजी में). Retrieved 31 दिसंबर 2023.
  5. Wahome, Cyrus. "What Is the Scientific Method?". WebMD (अंग्रेजी में). Retrieved 31 दिसंबर 2023.
  6. Hepburn, Brian; Andersen, Hanne (2021). "Scientific Method". The Stanford Encyclopedia of Philosophy. Metaphysics Research Lab, Stanford University. Retrieved 31 दिसंबर 2023.