बोगमालो बीच रिसोर्ट, गोवा की दक्षिणी छोर पर, बोगमालो बीच पर, स्थित एगो पाँच-सितारा होटल ह। प्राकृतिक रूप से बनल ई बीच, अर्धचंद्र आकार क बा आ पश्चिमी तटीय मैदान क सबसे व्यस्तम समुद्र तट में से एगो ह। इ रिसोर्ट किनारे पर चले वाला कसीनो, जेकर संचालन ट्रेड विंग्स होटल लिमिटेड की निदेशक द्वारा होला, नॉटिलस रेस्तरां, 126 डीलक्स और सेमी-डीलक्स कमरा और एकरी पीछे मौजूद एगो स्विमिंग पूल की साथ गर्व से खड़ा बा।[1]

मुख्य इमारत द्वारा घेरल क्षेत्र लगभग 1,332.14 वर्ग मीटर (14,338.98 फीट2) बा आ इमारत की सामने क भाग 518.24 वर्ग मीटर (5,578.2 9 फीट2) में बनावल गइल बा। दक्षिण में पूल 194.57 वर्ग मीटर क्षेत्र (2,094.31 फीट2) क क्षेत्र घेरेला।

इतिहास संपादन करीं

एकर स्वामित्व ओबेराय समूह की लगे बा और एके पहिले होटल ओबेराय के नांव से जानल जा, जेकर बाद में बोगमालो  बीच की ऊपर से पुनः नामकरण कईल गइल। द लिंक बैंड क सह-संस्थापक झिस्टो पेस याद करत बतावे न की प्रसिद्ध पॉप गायक और गिटारवादक स्वर्गीय टेरेंस वाज़, जवन की बैंड 'लिंक्स' क सदस्य रह न, ऊ ओबेराय रिसोर्ट में नियमित रूप से गिटार बजावें, ऊ वर्ष 1974 में ए बैंड से जुड़ न और 1994 तक बजवन।[2]

मीडिया संपादन करीं

27 अप्रैल 2015 के वास्को पुलिस विभाग तटवर्ती कैसीनो के सील क दिहलस काहें की ए रिसॉर्ट क 5 सितारा लाइसेंस समाप्त हो गइल रहे और इ कैसीनो के गैर-कानूनी रूप से संचालित करत रहे।

इ रिसोर्ट नलकॉन 2015 क मेजबानी कइलस, जवन की 4 फरवरी और 5 फरवरी के एंड्रॉइड सुरक्षा खामी और ओकर फायदा उठवले में रुचि रखे वाला लोगन खातिर 2 दिन अनंत श्रीवास्तव और आदित्य गुप्ता द्वारा आयोजित कइल गइल रहे।

संदर्भ संपादन करीं

  1. "official website". bogmallobeachresort.com.
  2. "बोगमालो बीच रिसोर्ट". cleartrip.com. {{cite web}}: no-break space character in |title= at position 8 (help)