भारत–नेपाल बॉर्डर
भारत-नेपाल बॉर्डर (India-Nepal border) भारत आ नेपाल के गणराज्य बीच एगो खुल्ला इंटरनेशनल बॉर्डर हवे। 1,770 किमी (1,099.83 मील) लंबा एह बॉर्डर में हिमालयी इलाका सभ के साथे-साथ एह उपमहादीप के इंडो-गंगेटिक मैदानवो के हिस्सा सामिल बा आ ई पहाड़ से सटल इलाका तराई के नाँव से जानल जाला। आजकाल बॉर्डर असल में नेपाल आ ब्रिटिश राज के बीच 1816 के सुगौली के संधि के बाद बनावल गइल रहल। यही चलन में चल आइल रहल बॉर्डर के भारत के आजादी के बाद नेपाल राज्य आ डोमिनियन ऑफ इंडिया के बीच के अंतर्राष्ट्रीय बॉर्डर के रूप में मान्यता दिया गइल।
भारत-नैपाल बॉर्डर | |
---|---|
Characteristics | |
Entities | भारत नेपाल |
Length | 1,751 किलोमीटर (1,088 मील) |
Enclave and exclaves | ना |
History | |
Established | 1815 सुगौली के संधि (नेपाल आ ब्रिटिश राज के बीच) |
Current shape | 15 अगस्त 1947 ब्रिटिश राज से भारत के आजादी |
Treaties | 1950 भारत-नैपाल शांति आ मित्रता संधि |
कई जगह ई बौर्डर प्राकृतिक सीमा हवे जैसे की काली नदी आ नारायणी नदी के सीमा मानल गइल हवे। कई बेर नदी के रास्ता में बदलाव के चलते दुनों देसन के बीच बिबाद पैदा भइल बाटै।[1]
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ "भारत-नेपाल का वो सीमा विवाद जिसे नदी के बदलते रास्ते ने जन्म दिया". BBC News हिंदी (हिंदी में).
ई एशिया-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |